[the_ad_group id="30365"]

कल्की 2898 AD के पहिला शो सबेरे साढ़े पांच बजे से शुरू होई, टिकट के दाम बढ़ गइल बा, एतना पईसा खर्चा करे के पड़ी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रभास के फिल्म कल्की 2898 AD जल्दिए सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा। ई एह साल के सबले चरचा होखे वाली फिलिमन में से एगो ह । प्रभास साउथ सिनेमा के ओह कलाकारन में से एक हउवें जिनकर फिलिमन देखे खातिर सिनेमाघरन में भारी भीड़ जुटेला ।

प्रभास के फिल्म कल्की 2898 एडी जल्दिए सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा । ई एह साल के सबले चरचा होखे वाली फिलिमन में से एगो ह । प्रभास साउथ सिनेमा के ओह कलाकारन में से एक हउवें जिनकर फिलिमन देखे खातिर सिनेमाघरन में भारी भीड़ जुटेला । अइसने में कल्की 2898 एडी के शो आ टिकट के दाम के लेके बड़ खबर सोझा आइल बा। एह प्रभास फिलिम के शो सबेरे साढ़े पाँच बजे से शुरू होखी । एकरा अलावे कल्की 2898 एडी के टिकट के दाम भी बढ़ावल गइल बा।

असल में तेलंगाना सरकार सबेरे 5:30 बजे शो कल्की 2898 एडी देखावे के अनुमति दे देले बिया। एह शो के दाम 200 रुपिया (जीएसटी समेत) प्रति टिकट बा। एकरा अलावे 27 जून से 4 जुलाई तक पहिला आठ दिन तक कल्की 2898 एडी के दिन में पांच बेर सभ सिनेमाघर में देखावल जाई। एकरा अलावे एह फिल्म के टिकट के दाम बढ़ा दिहल गइल बा । तेलंगाना में सिंगल स्क्रीन टिकट में 75 रुपिया आ मल्टीप्लेक्स टिकट में 100 रुपिया के बढ़ोतरी भइल बा ।

मतलब कि टिकट के दाम मल्टीप्लेक्स में 413 रुपया आ सिंगल स्क्रीन में 265 रुपया होई, जवना में थ्रीडी चार्ज शामिल नइखे। जबकि दिन के खास छठवाँ शो खातिर टिकट के दाम मल्टीप्लेक्स में 495 रुपिया आ सिंगल स्क्रीन में 377 रुपिया होखी जवना में थ्रीडी चार्ज शामिल नइखे । कल्की 2898 एडी पहिला फिलिम होखी जवना में मेगास्टार अमिताभ बच्चन प्रभास जइसन सुपरस्टार का साथे परदा साझा करत लउकीहें । उनका संगे दीपिका पादुकोण भी रहीहे। फिल्म के प्रचार के काम पूरा जोर शोर से शुरू हो गइल बा। जवना में ई तीनों स्टार भी बहुत लाइम लाइट बटोर रहल बाड़े। ई फिलिम 27 जून के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]