[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान के कई रेलवे स्टेशन आ उज्जैन के महाकाल मंदिर के बम से उड़ावे के धमकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के कई गो रेलवे स्टेशन आ अउरी जगहन पs बम विस्फोट के धमकी मिलल बा। पुलिस के कहनाम बा कि हनुमानगढ़ रेलवे स्टेशन पs धमकी वाला चिट्ठी मिलल बा आ ओकरा में एमपी के महाकाल मंदिर के उड़ावे के धमकी दिहल गइल बा। जैश-ए-मोहम्मद के नाम पs भेजल चिट्ठी में धमकी दिहल गइल बा कि 30 अक्टूबर के एह जगह पs बमबारी होई।

राजस्थान के कई गो रेलवे स्टेशनन आ देश के अउरी कई गो जगहा पs बम के धमकी मिलल बा। पुलिस के कहनाम बा कि हनुमानगढ़ रेलवे स्टेशन पs धमकी देवे वाला पत्र मिलल बा।

पत्र में मध्य प्रदेश के उज्जैन के महाकाल मंदिर समेत कई गो रेलवे स्टेशनन के उड़ावे के धमकी दिहल गइल बा। पत्र में आतंकी संगठन जैश-ए-मोहम्मद के नांव लिखल बा। एह घटना के बाद पुलिस सतर्क हो गइल आ सुरक्षा जांच कड़ा कऽ दिहल गइल बा।

30 अक्टूबर के कई गो रेलवे स्टेशनन के उड़ा दिहल जाई

हनुमानगढ़ के अतिरिक्त पुलिस अधीक्षक प्यारे लाल मीना बतवले कि पत्र डाक के माध्यम से हनुमानगढ़ स्टेशन मास्टर के दिहल गइल अउरी मंगर के सांझ स्थानीय पुलिस के एकरा बारे में जानकारी दिहल गइल।

उऽ बतवले कि जैश-ए-मोहम्मद के नाम पs भेजल चिट्ठी में धमकी दिहल गइल बा कि 30 अक्टूबर के रेलवे स्टेशन आ गंगानगर, हनुमानगढ़, जोधपुर, बीकानेर, कोटा, बूंडी, उदयपुर, जयपुर के जगह पs बमबारी होई।

पुलिस अउरी बीएसएफ जांच अभियान शुरू कऽ देलस

जैश-ए-मोहम्मद पाकिस्तान के एगो आतंकी संगठन हऽ। पुलिस के कहनाम बा कि सरकारी रेल पुलिस (जीआरपी), स्थानीय पुलिस अउरी बीएसएफ के जवान तलाशी लेले बाड़े। जीआरपी थाना में मामला दर्ज हो गइल बा अउरी भेजेवाला के पता लगावे खाती जांच जारी बा।

पहिलहू कई बेर धमकी मिलल रहे

एकरा से पहिलहू राजस्थान में कई बेर अइसन धमकावे वाला मेल आ चिट्ठी आइल बा। एकरा से पहिले जयपुर के स्कूल अवुरी अस्पताल में बम के धमकी मिलल रहे। दु महीना पहिलहू जयपुर के मॉल आ एयरपोर्ट प बमबारी के खतरा रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]