Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Esmayeel Shroff: डायरेक्टर इस्माइल श्रॉफ के निधन, ‘सूर्या’ आ ‘बुलंदी’ जइसन कमाल के फिल्मन के कइलें रहस निर्देशन 

बॉलीवुड के मशहूर डायरेक्टर इस्माइल श्रॉफ के निधन हो गइल बा। 82 साल के डायरेक्टर इस्माइल श्रॉफ राजेश खन्ना से लेके राजकुमार संगे काम कइलें रहस। ऊ सूर्या से लेके आहिस्ता जइसन कमाल के फिल्मन के निर्देशन क चुकल बाड़े। उनका गइला से उनकर करीबी आ फैंस खासा दुखी बा लो।

1,912

फिल्म इंडस्ट्री से दुखद खबर सामने आ रहल बा। बॉलीवुड के मशहूर डायरेक्टर इस्माइल श्रॉफ के निधन हो गइल बा। ऊ मुंबई के कोकिलाबेन अंबानी हॉस्पिटल में अंतिम सांसें लेलें। 82 साल के डायरेक्टर के निधन के कारण फिलहाल सामने नइखें आइल। बाकिर उनकर फैंस आ करीबी उनका गइला से बहुते दुखी बा लो। इस्माइल श्रॉफ हिंदी फिल्म इंडस्ट्री में बहुते लोकप्रिय फिलिमन के बनवले आ नाम कमइले रहस। ऊ राजेश खन्ना से लेके राजकुमार जइसन बड़ सितारन के संगे फिलिम बना चुकल रहलें।

के रहलें इस्माइल श्रॉफ?

इस्माइल श्रॉफ इंजीनियर स्टूडेंट रहल बाड़े। ऊ Tiruchirappalli से साउंड इंजीनियरिंग कइलें रहस। फेर ऊ करियर संवारे मुंबई आ गइलें। करियर के शुरुआत ऊ बतौर असिस्टेंट के तौर प कइलें रहस।

इस्माइल श्रॉफ के डेब्यू आ आखिरी फिलिम 

इस्माइल श्रॉफ करियर के शुरुआत थोड़ी सी बेवफाई से कइलें। एकरा बाद ऊ बैक टू बैक कइयन गो फिलिम बॉलीवुड में बनावत गइलें। एह करियर में ऊ राजकुमार, सलमान खान, राजेश खन्ना जइसन सुपरस्टार्स के संगे फिलिम बनवले। ऊ आपन अंतिम फिलिम साल 2004 में थोड़ा तुम बदलो थोड़ा हम बनवले रहस। जेमे आर्या बब्बर आ श्रिया शरन नजर आइल रहे लो।

इस्माइल श्रॉफ के फिलिमन के सूची

इस्माइल श्रॉफ साल 1977 से लेके 2004 तक कइयन गो फिल्में बनवले। एही बीच ऊ ‘अगर’, ‘थोड़ी सी बेवफाई’, ‘बुलंदी’, ‘आहिस्ता आहिस्ता’, ‘दिल आखिर दिल है’, ‘झूठा सच’, ‘लव 86’, ‘जिद’, ‘तरकीब’ जइसन कइयन गो फिलिमन के निर्माण कइलें रहस।

362630cookie-checkEsmayeel Shroff: डायरेक्टर इस्माइल श्रॉफ के निधन, ‘सूर्या’ आ ‘बुलंदी’ जइसन कमाल के फिल्मन के कइलें रहस निर्देशन 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.