[the_ad_group id="30365"]

कंगना के घर पs शिवलिंग के स्थापना, एक्ट्रेस के मंदिर देख के हो जाएंब मंत्रमुग्ध

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बॉलीवुड अभिनेत्री कंगना रनोट रोज कवनो ना कवनो पोस्ट खातिर सुर्खियन में बनल रहेली। एही बीच हाल ही में कंगना अपना इंस्टा पs एगो धार्मिक वीडियो शेयर कईले बाड़ी, जवना के चलते उ चर्चा में आ गईल बाड़ी। एह वीडियो में कगन्ना अपना मनाली घर के मंदिर के झलक देखवले बाड़ी, जवना में शिवलिंग समेत बहुत देवता देखाई देतारे। एतने ना, उ अपना घर के मंदिर में रंगीन विंटेज दरवाजा भी लगा देले बाड़े, जवन कि बहुत सुंदर बा।

कंगना के मंदिर के दुआर बहुत बेजोड़ बा

हँ कंगना रनोट बड़का स्टार बन गइल होखी बाकिर ऊ आपन संस्कृति कबो ना भुलाएली। उनुका के अक्सर देश-विदेश के धार्मिक जगहन पs घूमत देखल जाला। अयीसना में नयका साल के खास मौका पs भी अभिनेत्री के भगवान के भक्ति में डूबल देखल गईल। नयका साल के आगमन पs अभिनेत्री अपना मनाली घर में शिवलिंग के स्थापित कs दिहले बाड़ी जवना के झलक उनुका साझा कइल वीडियो में लउकत बा। एह वीडियो में मंदिर के दरवाजा लोग के ध्यान अपना ओर खींचे में लागल बा, जवना पs पुरान मंदिर निहन खूबसूरती से रंगल बा, ओकरा पs बहुत हिन्दू देवता के फोटो देखाई देता। वीडियो देख के लागत बा कि हमनी के मंदिर के भीतर बानी जा। कंगना अपना मंदिर में माँ दुर्गा के मूर्ति भगवान गणेश के मूर्ति के संगे अवुरी बहुत देवता के स्थापना कईले बाड़ी। भगवान गिरिराज के फ्रेम भी उनकर मंदिर के दीवार पs लउकेला।

कंगना रनोट अपना घर में शिवलिंग के स्थापना कईली

एह वीडियो में सबसे कमाल के बात बा शिवलिंग, शिवलिंग के भगवान के मूर्ति के सामने रखल गईल बा जवना पs धूप जरावल बा अवुरी शिवलिंग के सामने आरती के थाली देखाई देता। साथही बैकग्राउंड में बाजत ‘अच्युतम केशवम’ के भजन एह वीडियो के अउरी आकर्षक बना रहल बा। कंगना के इs पोस्ट फिलहाल सोशल मीडिया पs वायरल होखता। अगर अभिनेत्री के वर्क फ्रंट के बात कईल जाए तs जल्दिए उ एक्शन फिल्म में देखाई दिही अवुरी इहो अटकल लगावल जाता कि उ राजनीति में भी आ सकतारी अवुरी 2024 के लोकसभा चुनाव लड़ सकतारी।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]