[the_ad_group id="30365"]

इरा खान-नुपुर शिखरे के शादी के तईयारी सुरू, सजे लागल आमिर खान के घर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आमिर खान के बेटी इरा खान के बियाह के तइयारी शुरू हो गइल बा। इरा खान अवुरी नुपुर शिखरे के बियाह बहुत दिन से खबर में बा। इरा अपना प्रेमी नुपुर शिखरे से बियाह करे खातीर तैयार बाड़ी। दुनों के बियाह 3 जनवरी 2024 के होई। पिछला साल नवम्बर में आमिर खान के बेटी इरा खान के सगाई फिटनेस ट्रेनर नुपुर शिखरे से हो गइल रहे। इरा खान-नुपुर शिखरे के आवे वाला शादी के जश्न शुरू हो गईल बा। बेटी इरा के बियाह से पहिले आमिर खान अवुरी रीना दत्ता के मुंबई घर के खूबसूरती से सजावल गईल बा।

आमिर खान के घर जगमगा गईल

आमिर खान हालही में एह बात के खुलासा कइले रहले। लॉकडाउन के दौरान इरा अवुरी नुपुर के डेट शुरू हो गईल। नुपुर एगो खेल आयोजन के दौरान इरा के प्रपोज कईले अवुरी इरा एकर वीडियो इंस्टाग्राम पs शेयर कईले। दुनु जने के बियाह महाराष्ट्रीयन अंदाज में होखे वाला बा। दुल्हिन इरा खान के पिता आमिर खान अपना मुंबई के घर के रोशनी से सजा देले बाड़े। सोशल मीडिया पs एगो वीडियो सामने आइल बा, जवना में देखल जा सकेला कि कइसे दू मंजिला घर के रोशनी से सजावल गइल बा।

इरा खान-नुपुर शिखरे के शादी

आमिर खान के बेटी इरा खान 3 जनवरी 2024 के अपना प्रेमी अवुरी फिटनेस ट्रेनर नूपुर शिखरे से बियाह करे खातीर तैयार बाड़ी। आमिर के लाडली बतवली कि उ 3 जनवरी के आपन बियाह के तारीख चुनले रहली काहे कि उ एही तारीख के नुपुर के संगे डेट पs गईल रहली।

आमिर खान के काम के सुरुआत

1988 में आपन करियर शुरू करे वाला आमिर खान लगभग 34 साल फिल्म इंडस्ट्री में बितवले बाड़े। वर्क फ्रंट के बात करीं तs आमिर खान के आखिरी बेर सिल्वर परदा पs फिल्म ‘लाल सिंह चड्डा’’ में देखल गइल रहे। एह फिलिम में करीना कपूर आ आमिर के मुख्य भूमिका में देखल गइल। मिस्टर परफेक्शनिस्ट आमिर खान जल्दिए ‘चैंपियन’ नाम के फिलिम बनावे वाला बाड़न।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]