[the_ad_group id="30365"]

बॉबी देओल पत्नी के साथे शेयर क‌इले रोमांटिक फोटो, खास मउका पs शेयर क‌इले स्पेशल पोस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉबी देओल बॉलीवुड के सबसे पसंदीदा अभिनेता में से एगो हउए। वर्तमान में आपन पिछला रिलीज ‘एनिमल’ के लेके चर्चा में बांड़े आ एकर सफलता एंजॉय करत हवै।एs फिलिम में बॉक्स ऑफिस पs कईगो न‌उका रिकॉर्ड्स बनाइल। एs फिलिम में बॉबी 10 मिनट के रोल में बिना बोलले लोगन के दीवाना बना देहले। सोशल मीडिया पs हर तरफे एक्टर छा‌इल रहल। व‌इसे कमे लोग जानेला कि बॉबी एगो अच्छा अभिनेता होले के साथे-साथे एक गो प्यारा पतिओ हउए। रियल लाइफ में एक्टर ‘एनिमल’ में अबरार के भूमिका के बिल्कुल विपरीत बाड़े । हाले में बॉबी पत्नी के बर्थडे के बन‌उन खास।

बॉबी देओल बुध माने 24 जनवरी के आपन पत्नी तान्या देओल के जन्मदिन के शुभकामना दीहले रहले आ इंस्टाग्राम पs खास अंदाज में। एक्टर रोमांटिक फोटो पोस्ट क‌इले। एs तस्वीर में एक्टर प्यार से पत्नी के हग करत दिखले। दुनों तस्वीर में खुशी से मुस्कुरात दिखाई दिहले। एs तस्वीर के पोस्ट करत एक्टर ने कैप्शन में लिखले, ‘हमरे जीवन के प्यार के जन्मदिन के शुभकामना।’

अ‌इसन बा बॉबी आ तान्या के प्रेम कहानी

बॉबी देओल आ तान्या के प्रेम कहानी केहु से छिपल नाहीं बा। एक्टर एकर जिक्र कई बेर क‌s चुकल बाड़े। दुनों के प्रेम कहानी एगो इटालियन कैफे में सुरू भ‌इल जहंवा दुनों पहली बेर एगो दोस्त के पार्टी में मिलल रहले। एही पार्टी में बॉबी दिल हार ग‌इल रहला। एs पार्टी के बादे उs आपन दोस्त से तान्या के नंबर मंगना आ तानया से एगो मुलाकात के खातिर कहले। एकरी बादे ही दुनों के मुलाकातन के सिलसिला सुरू हो ग‌इल आ फेरु ई कहानी शादी के मोड़ तक पहुंच ग‌इल। बॉबी देओल तान्या के शादी के खातिर ओहीं प्रपोज क‌इना जहंवा पहिला बेर मिलल रहले। 30 मई 1996 के बॉबी आ तानिया करीबी दोस्त आ परिवार के मौजूदगी में बियाह क‌ई लीहले। दुनों के दु बेटा आर्यमान आ धरम बांटे।

एs फिल्मन में दिखिहें बॉबी देओल

‘एनिमल’ के बाद 54 वर्षीय अभिनेता के पास पाइपलाइन में कुछ बड़हन प्रोजेक्ट्स बा। एक्टर तमिल भाषा के एक्शन फिलिम ‘कंगुवा: ए माइटी वैलिएंट सागा’ में नजर अहिऐ। एs फिलिम में एक्टर के साथे दिशा पाटनी आ सूर्या बाड़े। एक्टर के झोली में ‘हरि हर वीरा मल्लू’ नामक एगो तेलुगु फिलिम बांटे, ज‌वने में पवन कल्याण मुख्य भूमिका में बाटें।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]