[the_ad_group id="30365"]

सिनेमाघरन में लागी ‘इमरजेंसी’, एह दिन रिलीज होई कंगना के फिलिम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

काल्हु रामलला के दरबार में कंगना रनौत के राम के नाम पs डूबल देखल गइल। अभिनेत्री के श्री राम के नारा लगावे के वीडियो भी वायरल हो चुकल रहे। अयोध्या में राम मंदिर प्राण प्रतिष्ठा समारोह में शामिल भइला के एक दिन बाद अभिनेत्री कंगना रनौत अपना आवे वाली फिलिम ‘इमरजेंसी’ के रिलीज डेट के एलान कइले बाड़ी। कंगना मंगल के इंस्टाग्राम पs इमरजेंसी के एगो नाया पोस्टर भी शेयर कईली। कंगना खुद एह फिलिम के निर्देशन आ लेखन कइले बाड़ी। पोस्टर में कंगना के पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के रूप में देखावल गईल बा।

कंगना पोस्ट शेयर कईले बाड़ी

उ ए पोस्ट के कैप्शन में लिखली कि, ‘हम भारत के सबसे काला वक्त के पीछे के कहानी के खुलासा करब।’ 14 जून 2024 के ‘इमरजेंसी,’ के घोषणा। सबसे डरावनी अवुरी उग्र प्रधानमंत्री के कहानी के संगे इतिहास के गवाह बने खातीर तइयार रहीं। सिनेमाघरन में इंदिरा गांधी गरजइहें। 14 जून 2024 के सिनेमाघरन में ‘इमरजेंसी’।

एकरा से पहिले फिलिम एह दिन रिलीज होखे वाला रहे

समाचार एजेंसी पीटीआई के मुताबिक कंगना एगो बयान जारी कs कहली कि, ‘इमरजेंसी हमार सबसे महत्वाकांक्षी प्रोजेक्ट अवुरी मणिकर्णिका के बाद हमार दूसरा निर्देशन उद्यम हs।’ हमनी के लगे एह बड़हन बजट, भव्य पीरियड ड्रामा खातिर भारतीय आ अंतर्राष्ट्रीय प्रतिभा के बेहतरीन लोग एकजुट हो रहल बा। एह फिलिम के सुरुआत में 24 नवंबर 2023 के सिनेमाघरन में रिलीज होखे के रहे, बाकी शेड्यूल में बदलाव के चलते ईs फिलिम स्थगित कs दिहल गइल।

 

एह फिलिम में सितारन के देखे के मिली

ज़ी स्टूडियो आ मणिकर्णिका फिल्म्स के बनावल ‘इमरजेंसी’ रिलीज खातिर तइयार बा। एह फिलिम में भारतीय लोकतंत्र के इतिहास में सबसे विवादित मुद्दा के मेगा बजट चित्रण के रूप में पेश कइल गइल बा। एह फिलिम में कंगना रनौत पहिला महिला प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के सफर देखावत लउकीहें। एह फिलिम में अनुपम खेर, महिमा चौधरी, मिलिंद सोमन, श्रेयस तलपड़े, विशाक नायर आ स्वर्गीय सतीश कौशिक के भी बा। फिल्म के पटकथा आ संवाद रितेश शाह लिखले बाड़न। फिलिम पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के जीवन के इर्द गिर्द घूमत बा। ‘इमरजेंसी’ कंगना के पहिला एकल निर्देशन फिलिम हs।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]