[the_ad_group id="30365"]

Karnataka Assembly Polls: भाजपा जारी कइलस 189 उम्मीदवारन के सूची, शिगगांव सीट से प्रत्याशी होइहें CM बोम्मई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा मंगर के कर्नाटक विधानसभा चुनाव खातिर अपना 189 उम्मीदवारन के पहिलका सूची जारी कइलें। मुख्यमंत्री बसवराज बोम्मई शिगगांव विधानसभा सीट से चुनाव लड़िहें। ई घोषणा पार्टी के केंद्रीय चुनाव समिति आ संसदीय बोर्ड के अतवार के भइल बैठक के बाद कइल गइल बा। हालांकि, सोमार के कुछ नामन पs फेर से विचार-विमर्श कइल गइल। एकरा बाद आज उम्मीदवारन के घोषणा कइल गइल।

भाजपा जारी कइलस 189 उम्मीदवारन के सूची

केंद्रीय मंत्री आ भाजपा नेता धर्मेंद्र प्रधान कहलें, ”आज हमनी के आवे वाला कर्नाटक चुनाव 2023 खातिर 189 उम्मीदवारन के नामन के घोषणा कs रहल बानी सs।” भाजपा के राष्ट्रीय महासचिव अरुण सिंह कहलें कि भाजपा के ओर से 32 ओबीसी, 30 अनुसूचित जाति, 16 अनुसूचित जनजाति उम्मीदवारन के टिकट दिहल गइल बा।

शिगगांव सीट से चुनाव लड़िहें सीएम बोम्मई

राष्ट्रीय महासचिव अरुण सिंह कहलें कि कर्नाटक मुख्यमंत्री बसवराज बोम्मई शिगगांव से चुनाव लड़िहें। एकरा संगही, कर्नाटक के पूर्व मुख्यमंत्री आ भाजपा नेता बीएस येदियुरप्पा के बेता विजयेंद्र शिकारीपुरा सीट से चुनाव लड़िहें। राज्य के मंत्री बी श्रीरामुलु बेल्लारी ग्रामीण सीट से चुनाव लड़िहें। कर्नाटक के गृह मंत्री अरागा ज्ञानेंद्र तीर्थहल्ली निर्वाचन क्षेत्र से चुनाव लड़िहें।

जानीं कवना सीट से केकरा मिलल टिकट

जानकारी के मोताबिक, राज्य के स्वास्थ्य मंत्री डॉ. सुधाकर के. चिक्कबल्लापुर सीट से चुनाव लड़िहें। राज्य के मंत्री डॉ. अश्वथनारायण सीएन मल्लेश्वरम सीट से चुनाव लड़िहें। राज्य के मंत्री आर.अशोक 2 गो सीट- पद्मनाभनगर आ कनकपुरा से चुनाव लड़िहें। ओहिज, भाजपा के राष्ट्रीय महासचिव सीटी रवि चिकमगलूर सीट से चुनाव लड़िहें। एकरा संगही ऊ सोमन्ना वरुणा सीट से कांग्रेस नेता सिद्धारमैया के खिलाफ चुनाव लड़िहें। वी सोमन्ना चामराजनगर सीट से चुनाव लड़िहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]