[the_ad_group id="30365"]

लोकसभा चुनाव 2024 में 300 से जादे सीटन के संगे मोदी तीसरा बेर बनिहें प्रधानमंत्री, अमित शाह कइलें दावा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगिला साल देस में लोकसभा चुनाव होखे वाला बा। सबे राजनीतिक दल अभी से चुनावी तइयारियन में जुट गइल बाड़ी सs। ओहिज, सत्‍तारूढ़ भारतीय जनता पार्टी लोकसभा चुनाव 2024 खातिर कमर कस लेले बिया। एही बीच, केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह सोमार के पूर्वोत्तर के दु दिवसीय दौरा पs असम के डिब्रूगढ़ पहुंचल बाड़ें। इहां ऊ एगो रैली के संबोधित कइलें।

मोदी तीसरी बेर बनिहें प्रधानमंत्री: अमित शाह 

भाजपा डिब्रूगढ़ कार्यालय के उद्घाटन कार्यक्रम में केंद्रीय गृह मंत्री लोकसभा चुनाव 2024 के लेके बड़ दावा कइलें। ऊ कहलें कि 2024 के लोकसभा चुनाव में भाजपा के सानदार प्रदर्शन होई। असम के 14 में से 12 सीट भाजपा जीती। इहे ना ऊ इहो कहलें कि देस भर में भाजपा 300 से जादे सीटन पs विजयी होई आ मोदी तीसरी बेर प्रधानमंत्री बनिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]