[the_ad_group id="30365"]

भाजपा सांसद बतवलें बाबा रामदेव के मिलावटखोरन के सम्राट, देशभर में आंदोलन करे के दिहलें धमकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा सांसद बृजभूषण सिंह अउर पतंजलि योगपीठ के बीच रार बढ़त जा रहल बा। बीतल कुछ दिन पहिले कैसरगंज सांसद बृजभूषण सिंह पतंजलि उत्पादन पर सवाल उठवले रहनें। एह पs पतंजलि के निदेशक बालकृष्ण कार्रवाई के चेतावनी दिहले रहनें। फिर सांसद के लीगल नोटिस भेज के तीन दिन में मॉफी मांगे के कहले बानें। लीगल नोटिस मिलले से खफा सांसद विश्नोहरपुर स्थित अपने आवास पs पंतजलि योगपीठ के संस्थापक बाबा रामेदव पर गंभीर आरोप लगवलें अउर चुनौती दिहनें कि अब पूरे देश में आंदोलन होई।

सांसद बृजभूषण सिंह पत्रकारन से बातचीत में बाबा रामदेव द्वारा दिहल गइल लीगल नोटिस के जिक्र कइलें। ऊ कहनें कि हम किसानन, संतन अउर देशवासियन के हित में जेल जाए के तैयार बानीं अउर हम जमानत नाइ कराएब। कहनें कि हमके देश के संविधान अउर न्यायालय पर भरोसा बा। अगर देश हित में जेल जाए के पड़ल त हम पीछे नाइ हटब।

चेतावनी भरल लहजा में ऊ कहनें कि महर्षि पतंजलि के धरती पर संत जुटिहें अउर संते निर्णय लीहें कि आगे का होखे के चाहीं। हम पतंजलि के भूमि से संतन के आह्वान करsतानी अउर अब बाबा रामदेव के खिलाफ देश भर में आंदोलन ठाढ़ होई। आरोप लगवलें कि बाबा रामदेव के मति भ्रष्ट हो गइल बा अउर ऊ महर्षि पतंजलि के नाम पर दुरुपयोग कs रहल बानें। सांसद बाबा रामदेव के मिलावटखोरन के सम्राट अउर राजा बतवलें।

कहनें कि रामदेव के लोग नकली मिठाइयो बेच रहल बानें, ई कानपुर से गोरखपुर ले बेचल जा रहल बा। भाजपा सांसद सरकार से अइसन लोग पर कार्रवाई करे के अपील कइनें। आरोप लगवलें कि रामदेव अपने प्रोडक्ट पs जजिया कर लगा रखले बानें। भाजपा सांसद अउर पतंजलि के बीच के ई विवाद कौने करवट बइठी, ई देखे वाला बात होई, फिलहाल सांसद बृजभूषण के विरोध जारी बा।

साभार – अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]