[the_ad_group id="30365"]

मुख्तार अब्बास नकवी के राज्यपाल बने पर भाजपा सांसद देहने बधाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा सांसद हंस राज हंस आजु एगो ट्वीट में मुख्तार अब्बास नकवी के राज्यपाल बनला पर बधाई दिहलन. उ ट्विटर प लिखले कि, केंद्र सरकार के ओर से श्री मुख्तार अब्बास नकवी जी के बंगाल के नयका राज्यपाल नियुक्त कईला प बहुत बहुत बधाई।’ एकरा बाद मुख्तार अब्बास नकवी राज्यपाल बनावे के खबर से इनकार कईले। उ कहले कि हमरा नईखे मालूम। एकरा बाद उत्तर-पश्चिम दिल्ली के सांसद अवुरी गायक हंसराज हंस भी ए ट्वीट के डिलीट क देले।

भाजपा पश्चिम बंगाल के राज्यपाल रहल जगदीप धनखर के उपराष्ट्रपति पद के उम्मीदवार बनवले बिया. एकरा बाद मणिपुर के राज्यपाल ला. गणेसन के पश्चिम बंगाल के अतिरिक्त प्रभार दिहल गइल बा. अयीसना में मानल जाता कि जल्दिए कवनो नाया राज्यपाल के नियुक्ति हो सकता। एही बीच हंसराज हंस नकवी के राज्यपाल बनला प बधाई देले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]