[the_ad_group id="30365"]

Presidential Election: राष्ट्रपति चुनाव खातिर  मतदान आज, 4800 सांसद आ विधायक लिही लो हिस्सा, मुर्मू के पलड़ा भारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के 15वां राष्ट्रपति के चुनाव खातिर आज मतदान होई। एह मतदान में 4800 निर्वाचित सांसद आ विधायक हिस्सा लिही लो। चुनाव में राजग उम्मीदवाद द्रौपदी मुर्मू के जीत आ एकरा संगही देश के शीर्ष संवैधानिक पद पs पहिला बेर आदिवासी महिला के ताजपोशी तय बा। द्रौपदी 27 दलन के समर्थन आ करीब 6.65 लाख मत के सहारे विपक्षी उम्मीदवार यशवंत सिन्हा से बहुत आगे निकल गइल बाड़ी। महज 14 दलन के समर्थन के साथे सिन्हा के करीब 3.62 लाख वोट मिले के उम्मीद बा।

राजग के लगे करीब 49 फीसदी तs संयुक्त विपक्ष के लगे 51 फीसदी वोट होखला के कारण एक समे एह चुनाव में बरिआर टक्कर के उम्मीद जतावल जात रहे। हालांकि उम्मीदवारन के घोषणा आ मतदान के तारीख आवत-आवत विपक्ष में लगातार बिखराव होत चल गइल। नौबत इहां तक आइल कि विपक्षी बैठक में उम्मीदवार के रूप में यशवंत के समर्थन करे वाला दल झारखंड मुक्ति मोर्चा (झामुमो), जदएस जइसनस दल राजग के उम्मीदवार के समर्थन के घोषणा कs देलस।

सबेरे 10 बजे से साँझ के छव बजे ले मतदान

राष्ट्रपति चुनाव खातिर संसद भवन परिसर आ राज्य विधानसभन में मतदान सबेरे 10 बजे से साँझ के छव बजे तक होई। संसद भवन परिसर में मानसून सत्र के सुरू होखे से पहिलही प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ सरकार के तमाम वरिष्ठ मंत्री आ सांसद, विपक्ष के नेता-सांसद आपन वोट डाली लो।

आदिवासी के साथे बमहिला कार्ड कइलस बेबस

विपक्ष में बिखराव के मुख्य कारण भाजपा के ओर से झारखंड के राज्यपाल रहल मुर्मू के जरिए खेलल गइल आदिवासी आ महिला कार्ड रहे। एह कार्ड के माध्यम से भाजपा राजग में एकजुटता कायम रखला के साथे विपक्षी खेमन में बड़ सेंध लगावे में कामयाब भइल। एही दांव के कारण राजग के अलावे अकाली दल, झामुमो, बीजद, वाईएसआरसीपी, टीडीपी, शिवसेना, बसपा, एसबीएसपी, राजाभैया के पार्टी मुर्मु के पक्ष में खड़ा हो गइल। चुनाव आवत-आवत यशवंत के लगे खाली कांग्रेस, वामदल, आप, टीएमसी, एसपी, राजद, एनसीपी, सपा, रालोद, टीआरएस, नेशनल कांफ्रेंस, केरल कांग्रेस एम के समर्थन बाच गइल बा।

क्रॉस वोटिंग के खतरा बरकरार

विपक्ष में बिखराव के बाद अब सिन्हा के सोझा क्रॉस वोटिंग के खतरा बा। सपा विधायक शिवपाल यादव पहिलही मुर्मू के समर्थन देवे में घोषणा कइले बाड़े। जबकि झारखंड में कांग्रेस के कुछ विधायक मुर्मू के पक्ष में वोट देवे के अपील कइले रहे लो। भाजपा के पश्चिम बंगाल में पशोपेश में फंसल टीएमसीओ से क्रॉस वोटिंग के उम्मीद बा।

संसद भवन आ विधानसभन में मतदान

मतदान संसद भवन आ राज्यन के विधानसभा में होई। एकरा खातिर मतपेटियन के पहिलही अपना गंतव्यन तक पहुंचा दिहल गइल बा। मतगणना बियफे के होई आ नवनिर्वाचित राष्ट्रपति 25 जुलाई के शपथ लिहें।

मुर्मु के पक्ष में वोट

राजग- 535000
वाईएसआरसीपी- 44000
टीडीपी- 6500
शिवसेना- 25000
जदएस- 5600
बीजद- 32000
एसबीएसपी- 1248
बसपा- 7908
झामुमो- 7380
राजाभैया- 416

यूपी के विधायकन के मत मूल्य सबसे बेसी

उत्तर प्रदेश के एगो विधायक के वोट के मूल्य सबसे बेसी 208 बा। एकरा बाद झारखंड आ तमिलनाडु के विधायकन के मत के मूल्य 176 बा, तs महाराष्ट्र के विधायकन के वोट के मूल्य 175 बा। सिक्किम के एगो विधायक के वोट के मूल्य खाली सात बा जवन समूचा देश में सबसे कम बा। मालूम होखे कि देश के पहिली महिला राष्ट्रपति होखे के गौरव प्रतिभा पाटिल के हासिल बा जे 2007 में शीर्ष संवैधानिक पद खातिर चुनल गइल रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]