[the_ad_group id="30365"]

डॉक्टरन के भाजपा नेता भेंट कइलें नव साल बेमिसाल कार्यकाल के पत्रिका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान: मोदी सरकार के 9 साल पूरा भइला पs भाजपा के संपर्क से समर्थन अभियान जारी बा। एकरा तहत सुक के सीवान भाजपा जिला उपाध्यक्ष राहुल तिवारी शहर के नाक, कान, गला रोग विशेषज्ञ डॉ. अभिमन्यु अनंत, फिजिशियन डॉ. प्रशांत शुक्ला, फिजिशियन डॉ. दुर्गेश कुमार, एमडी डॉ. विनय, शिशु रोग विशेषज्ञ डॉ एसएन आर्य, नेत्र रोग विशेषज्ञ डॉ. कुंदन कुमार से शिष्टाचार मुलाकात कs के ओह लोगन के “9 साल बेमिसाल- सेवा, सुशासन आ गरीब कल्याण’ के पत्रिका भेंट कइलें।

राहुल तिवारी कहलें वंचितन के हर सपना के पूरा कs रहल बिया मोदी सरकार ओहिजा दोसरका तरफ लोकतंत्र के जननी बिहार के माटी शर्मसार हो रहल बा । देश में आपातकाल थोपे वाली कांग्रेस के समर्थन में राजद, जदयू सहित अउर विपक्षी दल बैठक कs रहल बा लो। जवन निंदनीय बा। 2025में बिहार में भाजपा के सरकार बनी, ओहिजा 2024 में देस के नेतृत्व नरेंद्र मोदी करिहें ।

आज प्रधानमंत्री मोदी के नेतृत्व में भारत वैश्विक स्तर पs महाशक्ति बनके उभरल बा। अउर अब ओकरा के आंख दिखावे के हिम्मत केहू मे नइखे। एगो समय रहे, जब अमेरिका भारत के पिछलग्गू समझत रहे बाकिर अब भारत से बराबर के संबंध बा ,अउर ऊ भारत से संबंध बढ़ावे खातिर लालायित बा। भारत के प्रधानमंत्री के दौरा पs रेड कार्पेट बिछावल जा रहल बा अउर उनका खातिर राष्ट्रपति बाइडेन प्रोटोकॉल तक के धेयान ना रखलें, जबकि पहिले अइसे ना रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]