BJP Candidate List 2025 : बीजेपी जारी कइलस 12 प्रत्याशियन के दूसरका लिस्ट, मैथिली ठाकुर के मिलल टिकट

Share

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के लेके भारतीय जनता पार्टी प्रत्याशियन के दूसरका लिस्ट (BJP Candidate Second List 2025) जारी कs देले बिया। दूसरका लिस्ट में 12 प्रत्याशियन के नाम बा। एक दिन पहिलही बीजेपी में सामिल भइल मैथिली ठाकुर के बीजेपी अलीनगर विधानसभा सीट से टिकट दिहल गइल बा।

एही के संगे, बीजेपी हायाघाट से राम चंद्र प्रसाद के टिकट दिहल गइल बा। ओहिजा, मुजफ्फरपुर सीट से रंजन कुमार चुनावी मैदान में ताल ठोकिहें। गोपालगंज से सुभाष सिंह के टिकट मिलल बा। बनियापुर से केदार नाथ सिंह के प्रत्याशी बनावल गइल बा।

छपरा सीट से छोटी कुमारी के बीजेपी टिकट देले बिया। सोनपुर सीट से विनय कुमार सिंह बीजेपी के कैंडिडेट होइहें। रोसड़ा (अ.जा) सीट से बीरेंद्र कुमार के टिकट मिलल बा। बाढ़ विधानसभा सीट से सियाराम सिंह के बीजेपी प्रत्याशी बनवले बिया।

अगिआंव सीट से महेश पासवान के टिकट मिलल बा। शाहपुर सीट से राकेश ओझा के बीजेपी चुनावी मैदान में उतरले बिया। बक्सर सीट से पूर्व आईपीएस आनंद मिश्रा के टिकट मिलल बा।

क्रमांक विधानसभा नंबर और नाम उम्मीदवार का नाम
1 81 – अलिनगर मैथिली ठाकुर
2 84 – हायघाट राम चंद्र प्रसाद
3 94 – मुजफ्फरपुर रंजन कुमार
4 101 – गोपालगंज सुभाष सिंह
5 115 – बनियापुर केदार नाथ सिंह
6 118 – छपरा छोटी कुमारी
7 122 – सोनपुर विनय कुमार सिंह
8 139 – रोसड़ा (अजा) बीरेंद्र कुमार
9 179 – बाढ़ डॉ. सियाराम सिंह
10 195 – अगिआंव (अजा) महेश पासवान
11 198 – शाहपुर राकेश ओझा
12 200 – बक्सर आनंद मिश्रा, पूर्व आईपीएस

Read Also: Mission Shakti Phase 5.0 : डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में नारी सशक्तिकरण खातिर रैली आ नुक्कड़ नाटक के आयोजन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-