[the_ad_group id="30365"]

Bihar Election : बिहार में आज यूपी सीएम योगी आदित्यनाथ के चुनावी सभा, पटना आ सहरसा में शक्ति प्रदर्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आज बिहार दौरा पs आ रहल बाड़ें। पटना से ऊ चुनावी अभियान के सुरुआत करिहें। बियफे के दानापुर में भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के प्रत्याशी रामकृपाल यादव के नामांकन में सामिल होखे आ रहल बाड़ें। एकरा बाद ऊ चुनावी सभा के संबोधित करिहें। इहां के कार्यक्रम के बाद ऊ सहरसा जइहें। उहां ऊ भाजपा प्रत्याशी आ निवर्तमान विधायक डॉ. आलोक रंजन के नामंकन कार्यक्रम में सामिल होइहें। उहवो सीएम योगी जनसभा के संबोधित करिहें। प्रशासन मुख्यमंत्री के दौरा के देखत सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कइले बा। पूरा दानापुर क्षेत्र में चप्पा-चप्पा पs पुलिस बल तैनात कइल गइल बा। ड्रोन कैमरन से निगरानी कइल जा रहल बा आ ट्रैफिक नियंत्रण खातिर विशेष योजना बनावल गइल बा, ताकि कवनो तरे के अव्यवस्था ना होखे।

भाजपा कार्यकर्ता लोगन में उत्साह

एने, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आगमन के लेके पटना आ सहरसा में भाजपा कार्यकर्ता लोगन में बहुते उत्साह देखल जात बा। भाजपा कार्यकर्ता लोग पूरा शहर के भगवा झंडा आ होर्डिंग्स से सजा देले बा। योगी आदित्यनाथ के ई चुनावी दौरा भाजपा खातिर एगो बड़ शक्ति प्रदर्शन मानल जा रहल बा। बतावल जा रहल बा कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे के लगभग 11:00 बजे पटना पहुंचिहें, जहां से ऊ सीधा दानापुर जइहें आ एगो विशाल जनसभा के संबोधित करिहें। भाजपा के स्थानीय नेता लोगन के कहनाम बा कि योगी आदित्यनाथ के ई दौरा कार्यकर्ता लोगन में नया जोश भर दी। भाजपा जिला अध्यक्ष कहलें कि सीएम योगी के आगमन हमनी खातिर गर्व के बात बा। रामकृपाल यादव जइसन जमीनी नेता के समर्थन में उनका इहां आवे वाला चुनावी माहौल के आउर मजबूती दी।

रामकृपाल के खिलाफ रीतलाल यादव मैदान में

बता दीं कि 2019 के लोकसभा चुनाव में भाजपा पाटलिपुत्र संसदीय सीट से रामकृपाल यादव के मैदान में उतरले रहे, बाकिर ऊ राष्ट्रीय जनता दल (राजद) के उम्मीदवार मीसा भारती से हार गइल रहस। अबकि बेर बिहार विधानसभा चुनाव 2025 में भाजपा दानापुर सीट से एक बेर फेर रामकृपाल यादव पs भरोसा जतवले बिया। ओहिजा रामकृपाल के खिलाफ राजद फेर से रीतलाल यादव के मैदान में उतरले बिया। दानापुर से पिछलका चुनाव में रीतलाल यादव भाजपा प्रत्याशी आशा सिन्हा के हरवले रहस। अबकि बेर भाजपा आशा सिन्हा के टिकट काट देलस। एकरा से ऊ नाराज हो गइली आ निर्दलीय चुनाव लड़े के एलान कइले बाड़ी।

Read Also: 16 अक्टूबर 2025 के राशिफल

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]