बिपरजॉय तूफ़ान बिगड़लस पूरा व्यवस्था, रेलवे एहतियातन रद्द क दीं कई गो ट्रेन, इहां देखी पूरा लिस्ट
मौसम विभाग बतवले बा कि चक्रवाती तूफान बिपरजॉय आजु साँझ ले गुजरात के तट पs चहुँप जाई। चक्रवात के विकराल रूप के देखत सरकार तैयारी पूरा क लेले बिया। एकरा संगे-संगे रेलवे भी बहुत ट्रेन के रद्द क देले बिया।
गुजरात के कई जिला हाई अलर्ट पs बाड़े
ई तूफान भयंकर रूप ले सकेला, जवना के अलर्ट मौसम विभाग के ओर से लगातार दिहल जा रहल बा। स्थानीय प्रशासन के संगे एनडीआरएफ अवुरी एसडीआरएफ के टीम हर स्थिति से निपटे खातीर तैयार बा, जबकि गुजरात के 8 जिला में सेना, वायुसेना, नौसेना, तटरक्षक, एनडीआरएफ, एसडीआरएफ के तैनाती कईल गईल बा। एकरा संगे एनडीआरएफ के 42 टीम के अलग-अलग राज्य में तैनात कईल गईल बा। पीएमओ, गृह आ रक्षा मंत्रालय भी एह चक्रवाती तूफान के लेके बहुत सक्रिय बा। दिल्ली में कई गो युद्ध कक्ष बनावल गइल बा।
रेलवे 76 गो ट्रेन रद्द कर दिहले बा
दूसर ओर बिपरजॉय के देखत रेलवे भी पूरा तैयारी कईले बिया। रेलवे आजु 76 गो ट्रेन रद्द कर दिहले बिया जबकि बहुते ट्रेनन के रूट बदल दिहल गइल बा। एकरा संगे रेलवे अलग-अलग जिला खातीर हेल्पलाइन नंबर भी जारी कईले बिया। एकरा संगे रेलवे राहत अवुरी बचाव कार्य के पूरा तैयारी भी कईले बिया। एह संबंध में एगो ट्वीट में राजकोट संभाग के डीआरएम कहले कि अगिला कुछ दिन तक राज्य के कुछ हिस्सा में चक्रवात के असर देखाई दिही। एकरा दौरान कवनो प्रकार के समस्या के स्थिति में आप 139 चाहे 0281-2410142 अवुरी 9724094974 प फोन क सकतानी।
Comments are closed.