[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में 100 करोड़ रुपिया के लागत से बनि एक्वा पार्क, जिला प्रशासन के ओर से ताल कंदला में दिहल जाइ जमीन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर : मत्स्य पालन से जुड़ल लोग खातिर एगो खुशखबरी बा। गोरखपुर में एक्वा पार्क के स्थापना 100 करोड़ के लागत से होखे जा रहल बा। एकरा खातिर सदर तहसील के ताल कंडला में करीब 30 एकड़ जमीन उपलब्ध करावल जाई।

सरकार के एह महत्वाकांक्षी योजना से मत्स्य पालन से जुड़ल लोग के बहुत फायदा होई। गोरखपुर के संगे मथुरा में भी एक्वा पार्क बनावे के तैयारी चलता। ताल कंडला में पहिले पुलिस ट्रेनिंग स्कूल खातिर जमीन दिहल जात रहे, लेकिन जमीन कम अवुरी भारी माटी भरला के काम के चलते इ जगह एक्वा पार्क खातीर उपयुक्त पावल गईल।

एक्वा पार्क खातिर एह जगह के इस्तेमाल के चलते माटी भरला से मुक्ति होई। जल्दिए जमीन मत्स्य विभाग के दिहल जाई।

मछरी पालक के फायदा होई

जिला में एक्वा पार्क बनावे के प्रस्ताव बा। एकरा लेके तइयारी चल रहल बा। उम्मीद बा कि जल्दिए इ जमीन प्रशासन के ओर से उपलब्ध करावल जाई। एकरा से मछरी पालक के बहुत फायदा होई अवुरी मछरी से जुड़ल कारोबार में तेजी आई।

नया प्रजाति के मछरी तइयार कइल जाई

एकरा से एक्वा पार्क बने के फायदा होई एक्वा पार्क में मछरी के नाया प्रजाति के निर्माण होई। मछरी के बीज पs शोध होई।

अलग-अलग बेहतर तरीका से मछरी के पालन कईसे कईल जा सकता, एकरा बारे में भी जानकारी इहाँ मिली। मछरी मत्स्य हेचरी, मत्स्य बीज बैंक, मत्स्य पालन, मत्स्य प्रसंस्करण, मछली की पैकेजिंग, कोल्ड स्टोरेज समेत बहुत सुविधा होई। सरकार के महत्वाकांक्षी योजना के लेके तैयारी तेजी से चलता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]