[the_ad_group id="30365"]

बिजली के चलते झारखंड में 16 के मौत,

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अब तक झारखंड में बिजली गिरला से दु दर्जन से जादे लोग के मौत के खबर मिलल बा। अकेले शुक्रवार के राज्य में बिजली गिरला से 16 लोग के मौत हो गईल। मेदिनीनगर, गुमला, चकुलिया, बालुमठ, गोड्डा आ गिरिडीह में बिजली गिरला से दू-दू लोग के मौत हो गइल बा. दोसरा तरफ रांची के मैकक्लुस्कीगंज, देवघर, चतरा आ हजारीबाग में एक-एक गो बिजली गिरला का चलते मौत हो गइल बा. बिजली गिरला से एक दर्जन से अधिका लोग घवाहिल हो गइल बा.

19 जून तक भारी बारिश के चेतावनी

मौसम विज्ञान केन्द्र राँची के मुताबिक झारखंड के पूर्वोत्तर भाग यानी धनबाद, गिरिडीह, देवघर, दुमका, गोड्डा, जामतारा, पाकुर अवुरी साहिबगंज के अलग-थलग जगह प भारी बरखा के चेतावनी जारी कईल गईल बा। एकरा संगे-संगे कुछ जगहा गरज/गर्जन के संभावना भी व्यक्त कईल गईल बा। राज्य के उत्तरी हिस्सा में 18 जून (शनिचर) के आ राज्य के उत्तर-पूर्व, दक्षिण-पूर्व आ ओकरा से सटल मध्य भाग में 19 जून (शनिचर) के।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]