[the_ad_group id="30365"]

अबे नइखे मिले वाला गरमी से राहत, दिल्ली-NCR में पारा पहुंची 47 के पार, इहां हो रहल बा झमाझम बरखा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर भारत के कई राज्य बेहद गर्मी के चपेट में बाड़े। बढ़त तापमान के संगे दिल्ली, हरियाणा, उत्तर प्रदेश, बिहार अवुरी छत्तीसगढ़ के बहुत जिला में गर्मी के लहर भी चलता। देश के अउरी कई राज्यन में भारी बरखा हो रहल बा। एही बीच भारतीय मौसम विभाग फेर से चेतावनी देले बा कि आवे वाला दिन में दिल्ली में अधिकतम तापमान 47 डिग्री सेल्सियस ले पहुंच जाई। तेज गर्मी अवुरी गर्मी के लहर के चलते दिल्ली में 11 से 13 जून (मंगल से गुरुवार) ले ऑरेंज अलर्ट जारी कईल गईल बा।

नरेला आ नजफगढ़ में तापमान 46 डिग्री पार हो गइल

राजधानी दिल्ली में सोमार के दिने तापमान 46 डिग्री सेल्सियस पार हो गइल. स्थानीय मौसम विभाग के कहनाम बा कि, दिल्ली के नरेला इलाका में सोमार के तापमान 46.6 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल। नजफगढ़ में तापमान 46.3 ले पहुँच गइल। बढ़त तापमान के बीच लगातार दूसरा दिन दिल्ली के कई इलाका में गर्मी के लहर के स्थिति बनल रहल।

गर्मी से राहत अब नइखे मिलत

बेहद गर्मी के देखत दिल्ली-एनसीआर में तीन दिन ले (मंगल-बियफ़ें) से ऑरेंज अलर्ट जारी कईल गईल बा।। मौसम विभाग के कहल बा कि एह घरी लोग के गर्मी से राहत ना मिले वाला बा. आवे वाला दिन में दिल्ली में तापमान 47 डिग्री ले पहुंच जाई। मंगल के दिने दिन में दिल्ली-एनसीआर में 25 से 35 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से गरम हवा चली. दिन में गर्मी के लहर के संगे आसमान साफ ​​रही।

देश के एह हिस्सा में भारी बरखा हो रहल बा

बढ़त गर्मी के बीच दक्षिण भारत के कई राज्यन में मानसून आ गइल बा। केरल, तमिलनाडु, कर्नाटक, पुडुचेरी आ आंध्र प्रदेश के कई गो जिला में तेज हवा का साथे बरखा हो रहल बा. एह मानसून के असर अउरी कई राज्यन में भी देखल जा रहल बा। गुजरात के गांधीनगर जिला में मंगल के दिने हल्का बरखा भइल. बूंदाबांदी के संगे तेज हवा के चलते शहर के मौसम अचानक बदल गईल। गर्मी से लोग के राहत मिलल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]