[the_ad_group id="30365"]

Bihar Reservation: RJD के याचिका पऽ बिहार आ केंद्र के सुप्रीम कोर्ट के नोटिस

Suprime court
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना हाईकोर्ट के आदेश के खिलाफ राष्ट्रीय जनता दल के ओर से दायर याचिका पs सुप्रीम कोर्ट शुक के केंद्र आ राज्य सरकार से जवाब मंगलस। हाईकोर्ट अपना आदेश में बिहार में आरक्षण 50 से बढ़ा के 65 प्रतिशत करे के संशोधन के रद्द कऽ देले रहे। बिहार सरकार एह मामला में सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कईले बिया।

सुप्रीम कोर्ट बियफे के दिने राष्ट्रीय जनता दल (राजद) के याचिका पs संबंधित प्रतिवादी लोग के नोटिस जारी कइलस। पटना हाईकोर्ट के आदेश के राजद सुप्रीम कोर्ट में चुनौती देले बिया। पटना हाईकोर्ट राज्य सरकार के ओर से नौकरी आ शैक्षणिक संस्थान में पिछड़ा वर्ग, अनुसूचित जनजाति आ अनुसूचित जाति खातिर आरक्षण बढ़ावे के संशोधन के खारिज कऽ देले रहे। सुप्रीम कोर्ट एह याचिका के अउरी अइसने मिलत जुलत याचिका से टैग कइले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]