कांग्रेस जॉइन करे से पहिले विनेश फोगाट छोड़ली रेलवे के नौकरी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 6, 2024

रेलवे से इस्तीफा देवे के घोषणा करत विनेश फोगाट कहली कि रेलवे के सेवा कइल उनका जीवन के सबसे यादगार समय रहे। रेलवे परिवार के हम हमेशा आभारी रहब। विनेश आ बजरंग पुनिया आज आधिकारिक

Share

Vinesh Phogat

रेलवे से इस्तीफा देवे के घोषणा करत विनेश फोगाट कहली कि रेलवे के सेवा कइल उनका जीवन के सबसे यादगार समय रहे। रेलवे परिवार के हम हमेशा आभारी रहब। विनेश आ बजरंग पुनिया आज आधिकारिक तौर पs कांग्रेस में शामिल हो जइहें।

पहलवान विनेश फोगाट बियफे के दिने कांग्रेस पार्टी में शामिल होखे से पहिले रेलवे के नौकरी से इस्तीफा दे दिहली। उऽ खुद एकरा बारे में जानकारी देली।

एकर एलान करत विनेश कहली कि रेलवे के सेवा कइल उनुका जीवन के सबसे यादगार आ गौरवशाली समय रहल बा। रेलवे परिवार के हम हमेशा आभारी रहब।

उ सोशल मीडिया प पोस्ट कइली आ कहली कि अपना जीवन के एह मोड़ पs हम अपना के रेल सेवा से अलग होखे के फैसला कइले बानी आ भारतीय रेलवे के सक्षम अधिकारी के इस्तीफा पत्र दे देले बानी। राष्ट्र के सेवा में रेलवे के ओर से हमरा के मिलल एह मौका खातिर हम भारतीय रेल परिवार के हमेशा आभारी रहब।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.