Bihar Politics : जन सुराज जारी कइलस 51 प्रत्याशियन के पहिला लिस्ट, प्रशांत किशोर ना लड़िहें चुनाव

Share

पटना। Bihar Politics : अबकी बेर बिहार के सियासी दंगल में पीके (प्रशांत किशोर) के एंट्री से माहौल गर्म बा। उनकर पार्टी जन सुराज के ओर से प्रत्याशियन के पहली लिस्ट जारी कs दिहल गइल बा। पहिला लिस्ट में 51 नाम बा।

लोरिया से सुनील कुमार, सीतामढ़ी से उषा किरण, सुपौल निर्मली से राम प्रवेश यादव चुनाव लड़िहें। एगो आउर अहम बात सामने आ रहल बा कि प्रशांत किशोर खुद चुनाव ना लड़िहें। ऊ खाली चुनाव के रणनीति तइयार करिहें। प्रशांत किशोर राघोपुर से चुनाव अभियान के सुरुआत करिहें।

पू्र्व आईपीएस आरके मिश्रा दरभंगा शहर से प्रत्याशी होइहें। पहिला सूची में वरिष्ठ अधिवक्ता वाईबी गिरि के नाम बा। कुम्हरार से वरिष्ठ गणितज्ञ केसी सिन्हा के चुनाव लड़ल तय बा।

बता दीं कि केसी सिन्हा के गणित के पुस्तक स्कूल, कॉलेजन में चलती आइल बा। नालंदा ओपन यूनिवर्सिटी के वाइस चांसलर रहल बाड़े आ पटना साइंस कॉलेज के प्रिंसिपलो रह चुकल बाड़ें।

पूरा लिस्ट

  • बाल्मीकि नगर- दृढ़ नारायण प्रसाद
  • लोरिया- सुनील कुमार
  • सुरसंड – उषा किरण
  • ढाका- एलबी प्रसाद
  • बेनीपट्टी – मो परवेज आलम
  • निर्मली – राम प्रवेश यादव
  • सिकटी – रागी बबलू
  • प्राणपुर – कुणाल निषाद
  • आलमनगर – सुबोध सुमन
  • सहरसा – किशोर कुमार मुन्ना
  • सिमरी बख्तियारपुर – सुरेन्द्र यादव
  • महिषी – शमीम अनवर
  • दरभंगा – आरके मिश्रा
  • केवटी – बिल्टू सहनी
  • मुजफ्फरपुर – एके दास
  • गोपालगंज – डॉ शशि शेखर सिन्हा
  • भोरे – प्रीति किन्नर
  • रघुनाथपुर – राहुल कीर्ति सिंह
  • दारौंदा – सत्येंद्र यादव
  • मांझी – वाई बी गिरी
  • छपरा – जेपी सिंह
  • परसा – मुसाफिर महतो
  • सोनपुर – चन्दनलाल मेहता
  • कल्याणपुर – रामबालक पासवान
  • मोरवा – जागृति ठाकुर (कर्पूरी ठाकुर के परिवार से )
  • खगड़िया – जयंती पटेल
  • बेलदौर – गजेंद्र सहनी
  • परबत्ता – विनय वरुण
  • बेलहर – बृजकिशोर पंडित
  • अस्थावां – लता सिंह
  • कुम्हरार – केसी सिन्हा
  • आरा – विजय गुप्ता
  • चेनारी – नेहा कुमारी नटराज
  • करगहर – रीतेश पांडे
  • गोह – सीताराम दुखारी
  • नबीनगर – अर्चना चंद्रा
  • इमामगंज – डॉ अजीत कुमार
  • बोधगया – लक्ष्मण मांझी

Read Also: Bihar Election 2025 : चुनाव में अब हर खर्चा पs होई नजर, चाय से लेके होटल रूम तक तय भइल दाम

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-