Bihar Election 2025 : चुनाव में अब हर खर्चा पs होई नजर, चाय से लेके होटल रूम तक तय भइल दाम

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 9, 2025

बांका। विधानसभा चुनाव के तइयारी में अबकी बेर बांका जिला प्रशासन पूरा पारदर्शिता आ नियंत्रण सुनिश्चित करे खातिर बड़ कदम उठवले बा। चुनावी खर्च पs निगरानी के तहत अब उम्मीदवारन के चाय से लेके रसगुल्ला

Share

बांका। विधानसभा चुनाव के तइयारी में अबकी बेर बांका जिला प्रशासन पूरा पारदर्शिता आ नियंत्रण सुनिश्चित करे खातिर बड़ कदम उठवले बा।

चुनावी खर्च पs निगरानी के तहत अब उम्मीदवारन के चाय से लेके रसगुल्ला तक खातिर जीएसटी सहित बिल देना अनिवार्य कs दिहल गइल बा। हर वस्तु आ सेवा के दाम तय कs दिहल गइल बा ताकि चुनावी व्यय सीमा के सही लेखा-जोखा रखल जा सके।

  • माइक आ लाउडस्पीकार बेट्री सहित- 1000 रुपिया प्रति दिन
  • होटल के कमरा एसी, नन एसी- 1500 से 1000 रुपिया प्रति दिन
  • होटल कमरा डबल बेड एसी, नन एसी- 2000 से 1500 रुपिया प्रति दिन
  • होटल कमरा डिलक्स एसी, नॉन एसी- 2500-2000 रुपिया प्रति दिन

भोजन आ नाश्ता के दर

भोजन शाकाहारी आ मांसाहारी – 100- 200 रुपिया प्रति प्लेट
समौसा, लिट्टी आ कचौडी- 10 रुपिया प्रति पीस
रसगुल्ला बड आ छोट- 10 से 15 रूपिया पीस
चाय स्पेशल आ साधारण- 10 से 15 रुपिया प्रति कप
कॉफी – 20 रुपिया प्रति कप
ठंडा पानी प्रति बोतल- न्यूनतम बाजार दर
पान- 10 रुपिया प्रति पान
बोतल बंद पानी- 15 रुपिया प्रति लीटर

स्टेशनरी सामान आ ओकर निर्धारित दाम

कागज – 25 रुपिया जिस्ता
टैग- सौ रुपिया प्रति गुच्छा
कार्बन- 140 रुपिया
स्टेपलर पीन- 12 रुपिया प्रति पैकेट
कंप्यूटर पेपर- 210 रुपिया
स्केल बारह इंच-बारह रुपिया प्रति पीस
पीन- 22 रुपिया पैकेट
छेदक- 120 रुपिया प्रति पीस

वाहन आ ओकर किराया

बोलेरो, सुमो आ मार्शल- 1000 रुपिया प्रति दिन
बोलेरो, सूमो आ मार्शल एसी- 1200 रुपिया प्रति दिन
जाइलो, स्कार्पियो आ क्वालिस- 1600 रुपिया प्रतिदिन
इनोवा आ सफारी एसी- 1800 रुपिया प्रतिदिन
पजेरो, फाच्यूनर आ लग्जरी वाहन- 2500 रुपिया प्रतिदिन
बस पचास सीटर- 2900 रुपिया प्रतिदिन
ट्रैक्टर- 800 रुपिया प्रतिदिन
बस 40 सीटर- 2600 रुपिया प्रतिदिन

Read Also: Gorakhpur News : गोरखपुर में भव्य गरबा-डांडिया महोत्सव सम्पन्न, सइयन लोग बनल साक्षी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.