Bihar Election 2025 : सीट बंटवारा से पहिलही CPI-ML उम्मीदवारन के मिली सिंबल, लिस्ट में सुशांत सिंह राजपूत के बहिन के नाम

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2025

पटना। महागठबंधन में सीट बंटवारा के घोषणा अभी तक नइखे भइल बाकिर, भाकपा माले आपन आठ निवर्तमान विधायकन के दोबारा चुनाव लड़े के हरियर झंडा दे देले बा। एतनही ना ओह लोगन के सिंबलो थमा

Share

पटना। महागठबंधन में सीट बंटवारा के घोषणा अभी तक नइखे भइल बाकिर, भाकपा माले आपन आठ निवर्तमान विधायकन के दोबारा चुनाव लड़े के हरियर झंडा दे देले बा। एतनही ना ओह लोगन के सिंबलो थमा दिहल गइल बा। आज से ई सभे आपन नामांकन पर्चा दाखिल करी लोग। एमे पालीगंज से संदीप सौरव, दरौली से सत्यदेव राम, दरौंदा से अमरनाथ यादव, जीरा देई से अमरजीत कुशवाहा, फुलवारी से गोपाल रविदास, दीघा से दिव्या गौतम, डुमरांव से अजीत कुशवाहा, घोसी से रामबली यादव सामिल बा लोग। माले के ओर से एकर पुष्टियो कs दिहल गइल बा।

जानीं के हs दिव्या गौतम

दिव्या गौतम के नाम अबकि बेर सबसे जादे चरचा में बा। काहेकि ऊ दिवंगत अभिनेता सुशांत सिंह राजपूत के ममेरी बहिन हई आ छात्र नेत्री रह चुकल बाड़ी। ऊ 2012 में AISA के ओर से पटना विश्वविद्यालय के छात्र संघ चुनाव लड़ले रहली। ऊ दूसरका स्थान पs रहल रहली। एतनही ना ऊ बिहार लोक सेवा आयोग के ओर से लिहल जाये वाला प्रशासनिक सेवा परीक्षा पास कइले बाड़ी। कवनो कारणवश ऊ पटना विमेंस कॉलेज में पढ़ावे के अवसर चुनली। दिव्या मूल रूप से खगड़िया जिला के चौथम प्रखंड के पूर्वी बैरन पंचायत निवासी हई। अबकि बेर दीघा विधानसभा से भाजपा वाला उनका के उम्मीदवार बनवले बा लोग।

महागठबंधन में सीट बंटवारा के घोषणा आज

बता दीं कि महागठबंधन में सीट बंटवारा के लेके जवन पेच फंसल रहे ऊ लगभग खत्म हो चुकल बा। राजद आ कांग्रेस के बीच सारा बात फाइनल हो चुकल बा। मुकेश सहनी के तेजस्वी यादव लगभग मना लेले बाड़ें। सूत्र बता रहल बा लाेग कि सब घटक दलन के सहमति के बाद महागठबंधन सीट बंटवारा के फार्मूला करीब करीब तय कs लेले बा। संभावना बा कि आज सांझ ले सीटन के एलान कs दिहल जाई। एने, वामदल में भाकपा माले के 19, सीपीआईएम के छव आ सीपीआई के चार सीट मिले के बात सामने आ रहल बा। एहिसे वामदल आपन तइयारी सुरू कs देले बा।

Read Also: Bihar Election 2025 : चुनाव में अब हर खर्चा पs होई नजर, चाय से लेके होटल रूम तक तय भइल दाम

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.