[the_ad_group id="30365"]

Bihar Politics: ‘राजद के गुंडन के चलते..’, अब जेडीयू दिहलस लालू के पार्टी के करारा जवाब, सियासी घमासान तय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Politics: बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पऽ तेजस्वी यादव के हमला के बाद अब जेडीयू हमलावर हो गइल बिया। जेडीयू आरजेडी के करारा जवाब देले बिया। जदयू के राष्ट्रीय प्रवक्ता राजीव रंजन सुक के कहले कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के काम के बराबरी राजद के 17 बरिसन में कइल काम से नइखे कइल जा सकत। आरजेडी 17 महीना के ढोल पीट रहल बिया। ई तऽ पूरा के पूरा बेईमानी बा।

आरजेडी के गुंडन के चलते बिहार में कानून बेवस्था खस्ताहाल रहें 

राजीव रंजन कहले कि बिहार के जनता भूलाइल नइखे कि नीतीश सरकार से पहिले बिहार में ना तऽ सड़के रहें आ नाहीं बिजली-पानी के बेवस्था। राजद (RJD) के गुंडन के चलते बिहार में कानूनी बेवस्था खस्ताहाल रहें। खुद न्यायालय बिहार में जंगल राज के बात कहले रहें।

जदयू प्रवक्ता कहले कि ई नीतीश सरकार के देन कि आज बिहार के विकास दर देश के विकास दर से तेज बा। राज्य के कोना-कोना में सड़कन के जाल बिछ गइल बा। लोग बेखौफ होके देर रात ले बाजार में घूमत नजर आ रहल बा। गरीबी दर में रिकार्ड कमी आईल बा।

तेजस्वी कहले – हम एगो थाकल मुख्यमंत्री से काम करऽवनी

ओहिजा तेजस्वी यादव (Tejashwi Yadav) हर मंच से कहत नजर आ रहल बाड़न कि हम थाकल मुख्यमंत्री से काम करऽवनी। एक दिन में 2 लाख बेरोजगारन के सरकारी नौकरी के नियुक्ति पत्र बंटवा के देश में लकीर खींच देनी। ई सराहे लायक बा। तेजस्वी कहले कि नीतीश कुमार डेढ़ साल में दू बेर पलटी मरले बाड़न। नीतीश कुमार भरोसा के लायक ना रहलें।

राजद में टू जी के राज

उहें सम्राट चौधरी (Samrat Chaudhary) परिवारवाद के लेके विपक्षी दलन पऽ जोरदार कटाक्ष कइले। उऽ कहले कि राजद में टू जी माने की दूसरका पीढ़ी राज कर रहल बिया। पहिले माई, बाबू रहें अब बेटों आ गइल। एही तरे तमिलनाडु में थ्री जी वाला लोग बा। कांग्रेस में तऽ फोर जी बा, मोतीलाल नेहरू, पंडित नेहरू, इंदिरा गांधी, राजीव गांधी आ अब राहुल गांधी आ गइले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]