[the_ad_group id="30365"]

अमित शाह आ जेपी नड्डा CM योगी संगे कइले मीटिंग, भइल खास मुद्दा पs चर्चा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारतीय जनता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा आ केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह शनिचर के दिने उत्तर प्रदेश भाजपा के कोर ग्रुप नेता लोग से भेंट कइलन। नई दिल्ली के भाजपा मुख्यालय में भईल ए बैठक में उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, उत्तर प्रदेश के दुनो उपमुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य अवुरी ब्रजेश पाठक, प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र चौधरी अवुरी प्रदेश संगठन के महासचिव धर्मपाल समेत बहुत नेता मौजूद रहले। सूत्र के मुताबिक नड्डा अवुरी शाह उत्तर प्रदेश में होखे वाला लोकसभा चुनाव के तैयारी के समीक्षा कईले।

बैठक में ए 14 सीट पs विशेष चर्चा भईल

सूत्र के मुताबिक एs बैठक में मैनपुरी अवुरी रायबरेली समेत उत्तर प्रदेश में खोवल 14 लोकसभा सीट पs खास तौर पs चर्चा भईल। दरअसल भाजपा देश भर के 160 लोकसभा सीट के अपना खातीर कमजोर मानत बहुत दिन से विशेष तैयारी करतिया। अब पार्टी राज्यवार एs खोवल सीट पs चर्चा शुरू कs देले बिया अवुरी एकरा तहत शनिचर के शाह अवुरी नड्डा उत्तर प्रदेश के भाजपा नेता से मुलाकात कईले। बता दीं कि राज्य में 2019 के लोकसभा चुनाव में भाजपा 62 सीट आ ओकर सहयोगी अपना दल (स) 2 सीट जीतले रहे।

बाद में भाजपा सपा से 2 गो सीट छीन लिहलस

बाद में भाजपा उपचुनाव में सपा से आजमगढ़ आ रामपुर लोकसभा के सीट छीन लिहलस। बता दीं कि उत्तर प्रदेश के 14 गो लोकसभा सीट अबहियो विपक्षी दलन के नियंत्रण में बा आ शनिचर के बइठक में एह 14 गो सीट पs खास चरचा भइल. बतावल जाता कि ए बैठक में उत्तर प्रदेश में होखे वाला एमएलसी चुनाव पs भी चर्चा भईल। पिछला दू गो लोकसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी यूपी में शानदार प्रदर्शन कइले बिया आ पार्टी के नेता लोग के उमेद बा कि अबकी बेर केसर पार्टी राज्य में पहिले के सगरी रिकार्ड तूड़ दी।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]