पटना। बिहार में पंचायत चुनाव के लेके हलचल तेज हो गइल बा। बिहार राज्य निर्वाचन आयोग साफ कs देले बा कि दिसंबर 2026 से पहिले हर हाल में पंचायत चुनाव पूरा करावल जाई। अबकि बेर के पंचायत चुनाव कइयन मायनन में ऐतिहासिक होखे वाला बा, काहेकि पहिलका बेर बिहार में पंचायत चुनाव EVM से करावल जाई। अभी तक पंचायत चुनाव बैलेट पेपर से होत रहे, बाकिर अब विधानसभा चुनाव जइसने इलेक्ट्रॉनिक मशीन से मतदान होई।
निर्वाचन आयोग पंचायत चुनाव खातिर M-3 (M3) EVM यूनिट खरीदे के तइयारी में बा, जवन पुरान M-2 यूनिट से जादे आधुनिक मानल जाला। आयोग करीब 32 हजार से जादे EVM यूनिट किने जा रहल बा। एह मशीन के खासियत ई बा कि एके संगे 24 बैलेट यूनिट जोड़ल जा सकी आ अधिकतम 384 उम्मीदवारन के नाम दर्ज कइल जा सकी। एक कंट्रोल यूनिट से छव अलग-अलग पद खातिर छव बैलेट यूनिट आराम से जोड़ल जा सकी। एह पूरा बेवस्था पs करीब 64 करोड़ रुपिया खर्च होई। ओहिजा नीतीश सरकार पंचायत चुनाव खातिर पहिलही से 200 करोड़ रुपिया खर्च के मंजूरी दे चुकल बिया।
EVM से मतदान होखला के चलते अबकि बेर चुनाव के चरण घटे के संभावना बा। साल 21 में पंचायत चुनाव 11 चरण में भइल रहे, जवन 24 सितंबर से 12 दिसंबर तक चलल। अबकि बेर विधानसभा चुनाव जइसन हर बूथ पs वेबकास्टिंगो करावल जाई, ताकि पारदर्शिता बनल रहे।
नया आरक्षण रोस्टर से होई चुनाव
अबकि बेर पंचायत चुनाव नया आरक्षण रोस्टर पs होई। बिहार पंचायती राज अधिनियम के मोताबिक हर दुगो लगातार चुनाव के बाद रोस्टर बदलेला। 2016 आ 2021 में पुरान रोस्टर लागू रहे, एह चलते 2026 में नया रोस्टर लागू होई। आरक्षण 50 प्रतिशत से जादे ना होई। पंचायती राज मंत्री दीपक कुमार के कहनाम बा कि एकरा से समाज के हर वर्ग के नेतृत्व के मवका मिली।
परिसीमन अभियो ना
बहुत समय से नया परिसीमन लागू करे के मांग उठ रहल बा, बाकिर 2021 के जनगणना पूरा ना होखला के चलते अबकियाे बेर पंचायत चुनाव 30 साल पुरान परिसीमने पs होई। उपेंद्र कुशवाहा जइसन नेता लगातार नया परिसीमन के मांग करत रहल बा लोग।
केतना पद पs होई चुनाव
अबकि बेर पंचायत चुनाव कुल 2,55,379 पद खातिर होई। एमे पंच आ वार्ड सदस्य के 2,26,614 पद, मुखिया आ ग्राम कचहरी सरपंच के 16,106 पद, पंचायत समिति सदस्य के 11,497 पद आ जिला परिषद सदस्य के 1,162 पद सामिल बा।
Read Also: WTC Points Table : ऑस्ट्रेलिया सिडनी जीत से टॉप पs मजबूत, इंग्लैंड के हालत भारत से कहीं जादे खराब






