CM Yogi Janta Drashan : सीएम योगी जनता दर्शन में सुनलें फरियाद, कहलें- हर समस्या के समाधान सरकार के संकल्प

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 8, 2026

गोरखपुर। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखपुर प्रवास के दौरान बियफे के सबेरे गोरखनाथ मंदिर में लागल जनता दर्शन कार्यक्रम में अलग-अलग जिला से आइल लोगन से भेंट कइलें आ ओह लोगन के फरियाद धेयान से सुनलें।

Share

CM Yogi Adityanath listening to public grievances during Janata Darshan at Gorakhnath Temple in Gorakhpur

गोरखपुर। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखपुर प्रवास के दौरान बियफे के सबेरे गोरखनाथ मंदिर में लागल जनता दर्शन कार्यक्रम में अलग-अलग जिला से आइल लोगन से भेंट कइलें आ ओह लोगन के फरियाद धेयान से सुनलें। एह मौका पs सीएम योगी कहलें कि हर आदमी के समस्या के समाधान सरकार के मजबूत संकल्प हs। सरकार बिना भेदभाव सबके न्याय देवे खातिर प्रतिबद्ध बिया।

मुख्यमंत्री अधिकारी लोगन के साफ निरदेस देलें कि पूरा तत्परता आ संवेदनशीलता से काम कइल जावs, ताकि हर पात्र व्यक्ति तक जनकल्याणकारी योजना के लाभ पहुंचे। जरूरतमंद लोगन के बेहतर इलाज के इंतजाम होखे आ जमीन कब्जा करे वाला भू-माफिया आ दबंगन के खिलाफ सख्त कार्रवाई सुनिश्चित कइल जावs।

गोरखनाथ मंदिर के महंत दिग्विजयनाथ स्मृति भवन सभागार में आयोजित जनता दर्शन में सीएम योगी करीब 150 लोगन के समस्या सुनलें। ऊ खुद कुर्सी पs बइठल लोगन तक गइलें आ एक-एक फरियाद धेयान से सुनलें। ऊ सब केहू प्रार्थना पत्र संबंधित अधिकारी लोगन के सवप के त्वरित आ संतोषजनक निस्तारण के निरदेस देलें। सीएम जनता के भरोसा देलवलें कि सरकार हर पीड़ित के समस्या सुलझावे खातिर पूरा तरे संकल्पबद्ध बिया।

जनता दर्शन में कइयन गो लोग गंभीर बेमारी के इलाज खातिर आर्थिक मदद के गुहार लगवले रहे। एकरा पs सीएम योगी कहलें कि पईसा के कमी से कवनो मरीज के इलाज ना रुके। अधिकारी लोगन के निरदेस मिलल कि जरूरतमंद मरीजन के उच्च स्तरीय इलाज के इस्टीमेट जल्दी बनवावल जावs। इस्टीमेट मिलतही सरकार तुरंत धन मुहैया कराई। राजस्व आ कानून-बेवस्था से जुड़ल मामिलन में जल्दी से जल्दी निस्तारण के निरदेस दिहल गइल।

सीएम योगी कइलें गोसेवा, गोवंश के खिलवलें गुड़

गोरखनाथ मंदिर प्रवास के दौरान मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के दिनचर्या परंपरागत रहल। गुरु गोरखनाथ के दर्शन-पूजन आ ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के प्रतिमा के सामने शीश झुकवला के  बाद ऊ मंदिर परिसर में भ्रमण कइलें। गोशाला पहुंच के गोसेवा कइलें आ गाय-गोवंश के स्नेह से गुड़ खिलवलें। एह दौरान सीएम योगी मंदिर परिसर में परिवार संगे आइल लईकन से मिललें, प्यार-दुलार कइलें आ आसिरबाद संगे चॉकलेटो देलें।

Read Also: Bihar Panchayat Election : का अब विधानसभा जइसने होई पंचायत चुनाव?, EVM से पड़ी वोट; जानीं का-का बदल रहल बा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.