Bangladesh Unrest : चुनाव से पहिले बांग्लादेश में हिंसा जारी, बीएनपी नेता के गोली मार के हत्या

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 8, 2026

सेंट्रल डेस्क। बांग्लादेश में चुनाव से पहिले राजनीतिक हिंसा थमे के नाम नइखे लेत। जुवा नेता उस्मान हादी के हत्या के बाद अब बांग्लादेश राष्ट्रवादी पार्टी (बीएनपी) के स्वयंसेवी संगठन स्वेच्छासेवक दल के नेता अजीजुर

Share

Bangladesh violence as Hindu man Bajendra Biswas shot dead in Mymensingh district

सेंट्रल डेस्क। बांग्लादेश में चुनाव से पहिले राजनीतिक हिंसा थमे के नाम नइखे लेत। जुवा नेता उस्मान हादी के हत्या के बाद अब बांग्लादेश राष्ट्रवादी पार्टी (बीएनपी) के स्वयंसेवी संगठन स्वेच्छासेवक दल के नेता अजीजुर रहमान मुसब्बीर के गोली मार के हत्या कs दिहल गइल बा। पुलिस आ पार्टी सूत्र बतावल लोग कि मंगर के रात राजधानी ढाका में अज्ञात हमलावर मुसब्बीर के गोली मार देलें सs, जवना से उनकर मौत हो गइल।

आगामी 12 फरवरी के राष्ट्रीय चुनाव से पहिले बढ़त हिंसा के चलते मोहम्मद यूनुस के अगुवाई वाली अंतरिम सरकार पs गंभीर सवाल उठ रहल बा। एकरा से पहिले उस्मान हादी के परिजन यूनुस पs आरोप लगवले रहे लोग कि चुनाव टालल जावs, एह खातिर साजिश के तहत हत्या करावल गइल।

बांग्लादेश में राजनीतिक हिंसा के दौर जारी

‘द डेली स्टार’ के रिपोर्ट अनुसार, स्वेच्छासेवक दल के महासचिव अजीजुर रहमान मुसब्बीर के ढाका के कारवान बाजार इलाका में सुपर स्टार होटल के लगे रात करीब 8:30 बजे गोली मारल गइल। ढाका महानगर पुलिस (तेजगांव जोन) के अतिरिक्त उपायुक्त फजलुल करीम बतवलें कि मुसब्बीर के गंभीर हालत में पंथापथ इस्थित बीआरबी अस्पताल ले जाइल गइल, बाकिर अस्पताल पहुंचतही डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल।

एह हमला में एगाे आउर आदमी सुफियान मसूद घायल भइलें, जे तेजगांव थाना वन श्रमिक संघ के महासचिव बाड़ें। पार्टी कार्यकर्ता लोग बतावल लोग कि मुसब्बीर सांझि खां सुपर स्टार होटल में शरीयतपुर जिला के कुछ निवासी लोगन के कार्यक्रम में सामिल भइल रहस।

हमलावर फरार, पुलिस खाली हाथ

कार्यक्रम के बाद मुसब्बीर आ मसूद लगे के गली से गुजरत रहे लोग, तब दु लोग ओह लोगन पs ताबड़तोड़ गोली चला दिहल। पुलिस के अनुसार, हमलावर पैदले मवका से फरार हो गइलें। घटना के बाद बीएनपी कार्यकर्ता आ स्थानीय लोग सोनारगांव चौराहा लगे प्रदर्शन कइल।

परिवार आ पार्टी कार्यकर्ता बतावल लोग कि मुसब्बीर अवामी लीग के शासनकाल में जादेतर समय जेल में रहलें आ उनका पs कइयन गो राजनीतिक मुकदमा दर्ज भइल रहे। एह ताजा घटना से साफ हो गइल बा कि बांग्लादेश में चुनाव से पहिले हालात लगातार बिगड़त जात बा आ राजनीतिक हिंसा गहिरात जात बा।

Read Also: Maharashtra Politics : महाराष्ट्र के सियासत में भूचाल! BJP निकाय चुनाव में कांग्रेस-AIMIM से मिलवलस हाथ; फडणवीस देलें सफाई

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.