Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नीतीश सरकार के बड़ फैसला, सब जिलन में प्रभारी मंत्री नियुक्त; सम्राट के पटना के जिम्मेदारी

166

राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन बिहार में प्रभारी मंत्रियन के नियुक्ति कs देले बा। उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी के पटना आ विजय कुमार सिन्हा के मुजफ्फरपुर, भोजपुर के प्रभारी मंत्री बनावल गइल बा। ओहिजा, सीएम नीतीश कुमार के करीबी मंत्री विजय कुमार चौधरी के पूर्णिया, नालंदा आ मंत्री बिजेंद्र प्रसाद यादव के वैशाली के प्रभारी मंत्री बनावल गइल बा। केंद्रीय मंत्री जीतन राम मांझी के बेटा संतोष कुमार सुमन के औरंगाबाद आ मंत्री सुमित कुमार सिंह  के सारण के जिम्मा दिहल गइल बा।

ओहिजा बिहार सरकार के मंत्री प्रेम कुमार के नवादा, श्रवण कुमार के समस्तीपुर आ मधेपुरा, पूर्व उपमुख्यंत्री रेणु देवी के सीवान, मंत्री मंगल पांडेय के दरभंगा आ बेगूसराय, नीरज कुमार सिंह के कटिहार, मंत्री अशोक चौधरी के सीतामढ़ी आ जहानाबाद, लेशी सिंह के मधबुनी, मदन सहनी के सुपौल, मंत्री नीतीश मिश्रा के अररिया आउर गया के प्रभारी मंत्री बनावल गइल बा।

861280cookie-checkनीतीश सरकार के बड़ फैसला, सब जिलन में प्रभारी मंत्री नियुक्त; सम्राट के पटना के जिम्मेदारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.