[the_ad_group id="30365"]

सड़कन पऽ लगावत रहली झाडू, तीन साल पहिले बनली डिप्टी कलेक्टर, अब गिरफ्तार, जान ली पूरा मामला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Asha Kandara : सफाई कर्मचारी से एसडीएम बनके सुर्खियां बटोरे वाली आशा कंडरा एक बार फेर चर्चा में बाड़ी। आशा के राजस्थान NCB घूस लेत घरी कइलस गिरफ्तार

राजस्थान के जोधपुर में सड़कन पs झाडू लगावे वाली आशा कंडरा 2021 में डिप्टी कलेक्टर बनके खूब सुर्खियां बटोरले रही। उनका राजस्थान प्रशासनिक सेवा परीक्षा (RAS) 2018 परीक्षा पास करे के खूब सराहल गइल। बाकिर उऽ एह बेर जवना वजह से सुर्खियन में बाड़ी, उऽ केहू ना चाहीं। वर्तमान में जयपुर में तैनात आशा कंडरा के 12 जून के रात राजस्थान भ्रष्टाचार निरोधक ब्यूरो (ACB) 1 लाख 75 हजार रूपिया घूस लेत पकड़लस। एसीबी के जानकारी मिलल रहे कि उऽ सफाईकर्मी भर्ती खातिर लोगन से पइसा लेत रही।

पिता के कहला पऽ फेर से शुरू कइले रही पढ़ाई

रिपोर्ट के अनुसार, आशा कंडरा 1997 में 12वीं पास कइले रही। एकरा बाद पढ़ाई छोड़ देले रही। एकरा बाद उऽ अपना पिता के कहला पs साल 2013 में फेर से पढ़ाई शुरू कइली आ बीए कइली। एकरा बाद 2018 में RAS 2018 के फॉर्म भरली।

परिवार के मदद खातिर सड़कन पऽ लगवली झाड़ू 

आशा RAS 2018 के प्रीलिम्स, मेन्स आ इंटरव्यू देली। बाकिर रिजल्ट खातिर दू साल लंबा इंतजार करे पड़ल। एही दौरान परिवार के मदद खातिर उऽ जोधपुर नगर निगम में सफाईकर्मचारी पद खातिर आवेदन कइली। एह पद पs चयन हो गइल। उऽ लगातार दू साल तक काम करत रहली। साल 2021 के फरवरी में RAS का रिजल्ट आइल।जवना में उनकर सेलेक्शन डिप्टी कलेक्टर पद पs हो गइल। आशा कंडारा राजस्थान प्रशासनिक सेवा में 728वीं रैंक हासिल कइले रही।

12वीं में कऽ दिहल गइल रहे बियाह , 32 के उमिर हो गइल तलाक

बीबीसी के दिहल एगो इंटरव्यू में आशा कंडरा बतवली बाड़ी कि उनकर पिता राजेंद्र कंडारा फ़र्टिलाइज़र कॉर्पोरेशन ऑफ़ इंडिया में अकाउंट ऑफ़िसर रहले माई गृहस्थी संभालती रहली। बाकिर संयुक्त परिवार आ सामाजिक दबाव के चलते 12वीं के बादे उनकर बियाह कऽ दिहल गइल। बाकिर 32 साल के उमिर में उनकर तलाक हो गइल। ओ घरी  उऽ दू गो बच्चन के माई रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]