Fire in Gorakhpur: गोरखपुर में शार्ट सर्किट से लागल आग में घिरल परिवार, दू गो मौत, नौ गो झुलसलें

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 12, 2024

उत्‍तर प्रदेश के गोरखपुर जिला में एगो दिल दहला देवे वाला मामला सामने आइल बा। इहाँ मंगर के रात शार्ट सर्किट से लागल आग में पूरा परिवार झुलस गइल। गंभीर स्थिति में माेहल्ला के लोग

Share

उत्‍तर प्रदेश के गोरखपुर जिला में एगो दिल दहला देवे वाला मामला सामने आइल बा। इहाँ मंगर के रात शार्ट सर्किट से लागल आग में पूरा परिवार झुलस गइल। गंभीर स्थिति में माेहल्ला के लोग ओ लोगन के बीआरडी मेडिकल कालेज ले गइले जहवां दू बरिस के बच्ची आ एगो बालिका के डाक्टर मृत घोषित कऽ देले। नौ लोगोन के उपचार चल रहल बा जवना में चार लो के इस्थिति गंभीर बा।

गोरखनाथ के नयागांव में मंगर के रात शार्ट सर्किट से लागल आग में पूरा परिवार कमरा आ दुकान में धेरा गइला से झुलस गइल। गंभीर इस्थिति में माेहल्ला के लोग बीआरडी मेडिकल कालेज ले गइले जहवां दू बरसिए बच्ची आ एगो बालिका के डाक्टरों मृत घोषित कऽ देले।

नौ लोगों के उपचार चल रहल बा जवना में चार के इस्थिति गंभीर बा। कमिश्नर अनिल ढींगरा,डीआइजी आनंद कुलकर्णी के साथही डीएम कृष्णा करुणेश आ एसएसपी डा. गौरव ग्रोवर घटनास्थल के निरीक्षण कइला  के साथही बीआरडी मेडिकल कालेज पहुंच के पीड़ितन के हाल जनले।

नयागांव के रामजी जायसवाल अपना मकान के अगिला हिस्सा में किराना के दुकान चलावेले। पिछलका हिस्सा में रामजी आ उनकर भाई अमित, ऋषिकेश अपना परिवार के साथ रहेले। मंगर के रात में 9:15 बजे दोकान के बगल में इस्थित गैलरी में लागल मीटर में शार्ट सर्किट होखे से निकलप चिंगारी नीचे खड़ा मोपेड पs गिरल जवना से आग लाग गइल।

मोपेड में लागल आग कुछे देर में दोकान के साथही उनका पीछलका दू कमरन में पहुंच गइल। एमें मौजूद परिवार के लोग निकले के प्रयास करत रहे तले एही बीच मोपेड के टंकी से निकलल पेट्रोल बरामदा में गइल गइल। जान बचावे खातिर कमरा से बाहर निकलली रामजी के पत्नी मीना जायसवाल, बेटी शिपू,साक्षी, छोटे भाई अमित के पत्नी रंजना, बेटी अंशिका,ऋषिकेश के पत्नी रितू जासवाल आ दू बरिस के बेटी कुलुश आ दू दिन पहिले घूमे आइल बेलीपार के डंवरपार गांव में रहे वाली साली महेश्वरी झुलस गइली।

हाला गुला सुन के बचावे पहुंचल रामजी,अमित आ ऋषिकेश के हाथो जर गइल। गांव के लोगन के मदद से आग बुतला के बाद परिवार के सब लोग एंबुलेंस से बीआरडी मेडिकल कालेज पहुंचल जहवां डाक्टर अंशिका आ कुलुश के मृत घोषित कऽ देले। आग के चपेट में अइला से किराना के दुकान आ कमरन में रखल पूरा सामान जर गइल।

एसएसपी डा. गौरव ग्रोवर कहले कि शार्ट सर्किट से घर में आग लागे के बात सामने आइल बा। मुख्य अग्निशमन अधिकारी मामला के जांच आ नुकसान ले आंकलन कर रहल बाड़े। रिपोर्ट अइला के बाद वजह साफ होई। बीआरडी मेडिकल कालेज में भर्ती लोगन के सहयोग में गुलरिहा थाना पुलिस के लगावल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.