[the_ad_group id="30365"]

बिहार में ‘अग्निपथ’ के विरोध, चरम पs बा युवा लोग के आक्रोश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में केंद्र के अग्निपथ योजना के खिलाफ तीसरा दिन हिंसक प्रदर्शन जारी बा। पटना समेत 22 जिला में भयंकर हंगामा मचल बा। पटना के दानापुर में प्रदर्शनकारी फरक्का एक्सप्रेस जला दिहले। अब तक तीसरा दिन 7 ट्रेन के निशाना बनावल गईल बा। प्रदर्शनकारी समस्तीपुर में दू गो, लखीसराय में दू गो, आरा आ सुपौल में एक-एक गो सवारी गाड़ी जरा दिहले. एकरा संगे-संगे बक्सर अवुरी नालंदा समेत बहुत जिला में रेल पटरी प आगजनी कईल गईल बा।

सासाराम के टोल प्लाजा में प्रदर्शनकारी लूटपाट कईले। टोल प्लाजा में आगजनी भी भईल। प्रदर्शनकारी के रोके खाती पुलिस के गोली चलावे के पड़ल। कई राउंड फायरिंग के खबर बा। आगजनी के बाद अररा के सड़क जाम हो गईल बा। बेतिया में ट्रेन से उतरला के बाद यात्री लोग के पिटाई भईल। पुलिस प पथराव भी भईल। डिप्टी सीएम रेणु देवी के आधिकारिक आवास प भी हमला भईल बा।

आक्रोशित छात्र वैशाली के हाजीपुर रेलवे स्टेशन में लूटपाट कईले। समस्तीपुर में प्रदर्शनकारी जम्मू तवी-गुवाहाटी एक्सप्रेस, बिहार संपर्क क्रांति के जला दिहले। हाजीपुर-बरौनी रेलखंड के मोहिउद्दीननगर स्टेशन पर भी आगजनी कर दिहल गइल बा। प्रदर्शनकारी सबेरे 6 बजे से पटरी प खड़ा बाड़े। रेलवे हर जगहा ट्रेन रोक दिहले बा. कई गो ट्रेनो रद्द कर दिहल गइल बा.

खगड़िया में भी फेर से प्रदर्शन शुरू हो गईल बा। मानसी जंक्शन पर प्रदर्शनकारी के भीड़ जुटे लागल बा. इहाँ छपरा के छपरा-सिवान मेन रोड प बनल चैनवा टोल बोर्ड प प्रदर्शनकारी हंगामा मचवले। टोल बूथ तोड़फोड़ कइला का बाद सड़क जाम कर दिहल गइल बा.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]