[the_ad_group id="30365"]

बिहार: कैमूर में 3 गो वाहनन में भइल जोरदार टक्कर, स्कॉर्पियो के परखच्चा उड़ल, 9 लोगन के मउका पs मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कैमूर : बिहार के कैमूर में एगो बड़ सड़क दुर्घटना हो गईल बा। इहाँ तीन गाड़ी के बीच भयानक टक्कर भईल, जवना में 9 लोग के मउका पs मउत हो गईल। टक्कर एतना भयंकर रहे कि गाड़ी के साइड तक उड़ गईल। ए घटना के बाद एनएच 2 पs भारी जाम हो गईल।

पूरा मामिला का बा?

बिहार के कैमूर जिला के मोहनिया थाना क्षेत्र के देवकली गांव के समीप 3 गाड़ी के बीच भारी टक्कर हो गईल। एह हादसा में 9 लोग के जगह पs मउत हो गईल। घटना के बाद एनएच 2 पs भारी जाम हो गईल। गांव के लोग एनएचएआई अवुरी मोहनिया पुलिस के सूचना देले। मउका पs पहुंचल पुलिस गाड़ी के भीतर फंसल शव के निकाल के शव के पहचान करे में व्यस्त बिया।

 

 

 

TAGS:,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]