[the_ad_group id="30365"]

आगरा-लखनऊ एक्सप्रेस-वे पs भीषण हादसा, खड़ा ट्रक पs कार मरलस टक्कर; चार लोग के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में दुर्घटना बंद नइखे होखत। कई गो सड़क दुर्घटना रोज हो रहल बा आ लोग आपन जान गँवा रहल बा। एही में भी आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पs बहुत भयानक दुर्घटना होखेला। शनिचर के दिने भी अइसने एगो भयानक दुर्घटना देखल गइल । इs हादसा इहाँ मैनपुरी के नजदीक भईल। एह हादसा में चार लोग के मउत हो चुकल बा।

कार खड़ा ट्रक से टकरा गईल

पुलिस के कहनाम बा कि आगरा एक्सप्रेसवे के 97 माइल स्टोन के नजदीक एगो ट्रक खड़ा रहे। पीछे से आवत एगो गाड़ी ओकरा के टक्कर मार दिहलस। दुर्घटना अतना भयंकर रहे कि गाड़ी पूरा तरह से उड़ गईल। कार में सवार चार लोग के मउत हो गईल, बतावल जाता कि कार में सवार पश्चिम बंगाल के कोलकाता निवासी रहले। दुर्घटना के बाद पुलिस मउका पs पहुंच के चारो शव के कार से निकाल लेलस। पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातीर मैनपुरी पोस्टमार्टम हाउस भेज देले बिया।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]