बिहार के राज्यपाल के तबीयत बिगड़ल..दिल्ली शिफ्ट कइल गइल: यूरिनरी इंफेक्शन आ हाई फीवर के शिकायत, 2 दिन से पटना में चलत रहे इलाज

Anurag Ranjan

बिहार के राज्यपाल फागू चौहान के तबीयत बिगड़ गइल बा। 2 दिन पटना के IGIMS में उनकर इलाज चलल। एकरा बाद बेहतर इलाज खातिर उनका के दिल्ली AIIMS रेफर कs दिहल गइल बा। एयर एंबुलेंस से उनका के सुक के सबेरे दिल्ली भेजल गइल बा।

एकरा पहिले पटना के IGIMS में उनकर इलाज चलत रहे। बता दीं कि करीब एक हफ्ता से ऊ बेमार बाड़े। दु दिन से उनका बहुते हाई फीवर बा। बियफे के रात में उनका तिनका बेहोशी आइल रहे, जवना के बाद उनका के IGIMS में ले आवल गइल रहे। इहां स्थिती में सुधार ना होखला पs बेहतर इलाज खातिर दिल्ली भेजल गइल बा।

राज्यपाल के तबीयत में सुधार नइखे 

सूत्रन के मोताबिक बियफे के देर रात उनका हलुका बेहोशी आइल रहे, ओकरा बाद तत्काल उनका के IGIMS में ले आवल गइल। ओकरा पहिलहु उनकर इलाज IGIMS में चलत रहे। डॉक्टर्स के टीम लगातार उनका स्वास्थ के निगरानी करत रहे। डॉक्टर्स के मोताबिक उनका हालत में सुधार नइखे हो रहल। एहिसे उनका के दिल्ली शिफ्ट कइल गइल बा।

IGIMS के अधीक्षक डॉ. मनीष मंडल बतवले, “मॉनिटरिंग खातिर डॉक्टरन के टीम लगावल गइल बा। काल्हे उनका के इहां ले आवल गइल बा। प्राइवेट वार्ड में ऊ भर्ती बाड़े। जांच में पता चलल कि उनका यूरिनरी ट्रैक्ट इंफेक्शन बा, एही के इलाज कइल जा रहल बा। फिलहाल उनका हालत में सुधार बा।”

राज्यपाल के यूरिनरी ट्रैक्ट इंफेक्शन

आईजीआईएमएस के अधीक्षक डॉक्टर मनीष मंडल बतवले कि अस्पताल में भर्ती होखला के बाद उनकर कइयन तरे के हेल्थ जांच करवावल गइल, जवना से पता चलल बा कि उनका यूरिनरी ट्रैक्ट इंफेक्शन बा।

2019 में बनल रहले बिहार के राज्यपाल

74 वर्षीय फागू चौहान 2019 से बिहार के राज्यपाल बाड़े। उनकर जनम 1948 में यूपी के आजमगढ़ में भइल रहे। कहल  जाला कि यूपी के 17वीं विधानसभा चुनाव में ऊ सबसे जादे मत से जीते वाला विधायक रहस।

पहिला बेर 1985 में विधायक बनल रहले। 1991 में ऊ जनता दल से चुनाव लड़ले आ जीतले। एकरा बाद 1996, 2002 आ 2007 में ऊ विधायक बनले। 2017 के यूपी विधानसभा चुनाव में ऊ भाजपा के टिकट पs जीत दर्ज कइले रहस।

साभार: दैनिक भास्कर

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।