Bihar Election : पहिला चरण के नामांकन के आखिरी दिन; NDA के प्रत्याशी तय, महागठबंधन में खाली कांग्रेस के सूची आइल

Share

पटना। पहिला चरण के नामांकन के आज आखिरी दिन बा। राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन के सब घटक दल आपन सूची जारी कs देलस। ओकर 60 प्रतिशत से जादे प्रत्याशी नामांकन पर्चा भर देले बा लोग। बाकिर, अभी ले महागठबंधन में सीट बंटवारा के फॉर्मूल तय नइखे भइल। हालांकि, कांग्रेस 48 उम्मीदवारन के पहिला सूची जारी कइले बिया। ओहिजा, राजद अपना पुरान विधायकन सहित कुछ नया चेहरा के सिंबल देले बिया। बाकिर, अभी ले ई फाइनल नइखे कइलें कि ऊ केतना सीटन पs आपन उम्मीदवार उतार रहल बिया। एने, वामदल के लगभग 80 फीसदी से जादे प्रत्याशी आपन पर्चा भर देले बा लोग।

सूत्र बता रहल बा लोग कइयन सीटन पs कांग्रेस आ राजद के बीच पेंच फंसल बा। एहिसे कांग्रेस अबकि बेर अलग-अलग नीति बनावल सुरू कs देले बिया। 2020 के विधानसभा के तरे अबकियो बेर कांग्रेस 70 सीटन पs लड़े के तइयारी कs रहल बिया। एतनही ना कांग्रेस अपना उम्मीदवारन के पहिला सूची जारी कs देले बिया। राजद आ वामदल अभियो कांग्रेस के 70 सीट देवे खातिर तइयार नइखे। एने, वीआईपी के डिप्टी सीएम के पद चाहीं। ऊ एकरा खातिर लगातार दबाव बना रहल बाड़ें। अब तक जवन फॉर्मूला तय भइल बा ओकरा हिसाब से इंडिया गठबंधन में राजद के खाता में करीब 136, कांग्रेस के 61 सीट, वामदल के 31, वीआईपी के 15 सीट मिल सकत बा।

Read Also: 17 अक्टूबर 2025 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-