Bihar Election 2025 : महागठबंधन में ना गलल दाल, अब ई पार्टी जारी कs देलस 25 प्रत्याशियन के लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2025

पटना। महागठबंधन में बात ना बनला के बाद राष्ट्रीय लोक जनशक्ति पार्टी (रालोजपा) के अध्यक्ष पशुपति कुमार पारस सुक के 25 उम्मीदवारन के सूची जारी कइलस। पारस अलौली (अनुसूचित जाति सुरक्षित) से आपन पुत्र यशराज

Share

पटना। महागठबंधन में बात ना बनला के बाद राष्ट्रीय लोक जनशक्ति पार्टी (रालोजपा) के अध्यक्ष पशुपति कुमार पारस सुक के 25 उम्मीदवारन के सूची जारी कइलस।

पारस अलौली (अनुसूचित जाति सुरक्षित) से आपन पुत्र यशराज पासवान के उम्मीदवार बनवले बाड़ें। एकरा अलावे खगड़िया से पूनम यादव, बेलदौर से सुनीता शर्मा, साहेबपुर कमाल से संजय कुमार यादव, बखरी से नीरा देवी पs दांव खेलल गइल बा।

सिकंदरा से रामाधीन पासवान, राजपुर से अमर पासवान, चेनारी से सोनू कुमार नट, डुमराव से मृत्युंजय कुशवाहा, बक्सर से धर्मेन्द्र राम, आरा से हरे कृष्ण पासवान, अरवल से दिविया भारती, इमामगंज से तपेश्वर पासवान, बराचट्टी से शिव कुमार नाथ निराला उम्मीदवार होइहें।

मोहनिया से अनिल कुमार, बरहरिया से सुनील पासवान, कुढ़नी से विनोद राय, बरूराज से संजय पासवान, हरसिद्दी से मदन पासवान, गरखा से विगन मांझी, चिरैया से शेख सलाउद्दीन खान चुनाव लड़ी लोग।

राजापाकर से शिवनाथ कुमार पासवान, हाजीपुर (शहर) से धनश्याम कुमार दाहा, वैशाली से राम एकबाल कुशवाहा आ महुआ से शमसुज्जमा के उम्मीदवार बनावल गइल बा।

Read Also: Breaking : असम के तिनसुकिया में आर्मी कैंप पs आतंकी हमला, तीन जवान घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.