पटना। बिहार चुनाव 2025 के दूसरका चरण के मतदान सुरू हो गइल बा। आज 20 जिलन के 122 विधानसभा सीट पs वोट डालल जा रहल बा। कुछ जगहन पs EVM खराब होखे के चलते मतदान में देरी भइल। चुनाव आयोग के मोताबिक, सबेरे 9 बजे तक 14.55 प्रतिशत मतदान दर्ज भइल। सबसे बेसी वोटिंग किशनगंज जिला में भइल बा।
रोहतास में वोट बहिष्कार
रोहतास जिला के करगहर विधानसभा क्षेत्र के अखोड़ी पंचायत के लड्डूई बिशनपुरा गांव में लोगन अभी तक वोट नइखे डलले।
बूथ संख्या 175 आ 176 पs पूरा गांव के लोग वोटिंग के बहिष्कार कइले बा। प्रशासन के जानकारी मिल गइल बा आ अफसर अब कार्रवाई में लागल बा लोग बा।
कटिहार में मतदाता में जोश
कटिहार जिला में लोग लोकतंत्र के महापर्व में बढ़-चढ़ के हिस्सा ले रहल बा। उत्क्रमित मध्य विद्यालय सिरसा में पूर्व राज्यसभा सांसद अहमद अशफाक करीम आ उनकर पत्नी वोट डालल लोग। उ लोग कहल कि “लोकतंत्र में सब केहू के भागीदारी जरूरी बा, सब केहू वोट जरूर डाले।”
औरंगाबाद में वोट बहिष्कार
औरंगाबाद विधानसभा के तेंदुआ गांव के बूथ संख्या 54 पs लोग वोट डाले से मना कइले बा। लोगन के कहनाम बा कि 4 महीना पहिलही प्रशासन के सूचना दिहल गइल रहे, बाकिर आज तक कुछ कार्रवाई ना भइल। एह बूथ पs 353 वोटर बा लोग, सब केहू विरोध में बइठ गइल बाड़े।
सबेरे 9 बजे तक के मतदान आंकड़ा
मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी के दफ्तर से जारी रिपोर्ट के मोताबिक, सबेरे 9 बजे तक कुल 14.55% मतदान भइल।
| जिला | मतदान प्रतिशत (%) |
|---|---|
| पश्चिम चंपारण | 15.04 |
| पूर्वी चंपारण | 14.11 |
| शिवहर | 13.94 |
| सीतामढ़ी | 13.49 |
| मधुबनी | 13.25 |
| सुपौल | 14.85 |
| अररिया | 15.34 |
| किशनगंज | 15.81 |
| पूर्णिया | 15.54 |
| कटिहार | 13.77 |
| भागलपुर | 13.43 |
| बांका | 15.14 |
| कैमूर (भभुआ) | 15.08 |
| रोहतास | 14.16 |
| अरवल | 14.95 |
| जहानाबाद | 13.81 |
| औरंगाबाद | 15.43 |
| गया | 15.97 |
| नवादा | 13.46 |
| जमुई | 15.77 |
Read Also: Delhi Blast : दिल्ली ब्लास्ट पs अमित शाह बुलवलें बैठक, गृह सचिव आ IB चीफ रही लोग सामिल







