Dharmendra Passes Away : बॉलीवुड के ही-मैन धर्मेंद्र के निधन, 89 बरिस के उमिर में लेलें आखिरी सांस

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 11, 2025

मुंबई। बॉलीवुड के दिग्गज अभिनेता आ सबका दिलन के हीरो धर्मेंद्र अब ना रहलें। 89 बरिस के उमिर में उनकर निधन हो गइल। कुछ दिन पहिले धर्मेंद्र कइयन दिनन से अस्पताल में भर्ती रहलें, जहां

Share

मुंबई। बॉलीवुड के दिग्गज अभिनेता आ सबका दिलन के हीरो धर्मेंद्र अब ना रहलें। 89 बरिस के उमिर में उनकर निधन हो गइल। कुछ दिन पहिले धर्मेंद्र कइयन दिनन से अस्पताल में भर्ती रहलें, जहां दिन-रात इलाज चलत रहे। उनका निधन के तब खबर चल गइल रहे जवन बाद में गलत साबित भइल रहे।

सलमान-शाहरुख पहुंचल रहे लोग हॉस्पिटल

जब धर्मेंद्र के हालत गंभीर भइल, तs बॉलीवुड के कइयन गो बड़ सितारा उनका से मिले पहुंचल- सलमान खान, शाहरुख खान, गोविंदा आ अमीषा पटेल हॉस्पिटल पहुंच के उनका से भेंट कइल लोग। धर्मेंद्र हमेसा से अपना सादगी आ मिलनसार स्वभाव से सबकर दिले जीत लेत रहस।

1960 में कइले रहलें बॉलीवुड डेब्यू

धर्मेंद्र के पूरा नाम धर्मेंद्र केवल कृष्ण देओल रहे। ऊ 8 दिसंबर 1935 के पंजाब के नसरानी गांव में जनमल रहस। 1960 में ऊ फिल्म ‘दिल भी तेरा हम भी तेरे’ से अपना करिअर के सुरुआत कइले रहस। 1961 में ‘बॉय फ्रेंड’ में सपोर्टिंग रोल कइले, आ धीरे-धीरे बॉलीवुड के ही-मैन कहइलें।

धर्मेंद्र के परिवार

धर्मेंद्र के दूगो बियाह भइल। पहिला पत्नी प्रकाश कौर से चार गो लइका- सनी देओल, बॉबी देओल, विजेता देओल आ अजीता देओल।
1980 में ऊ बिना तलाक के हेमा मालिनी से शादी कइलें आ इस्लाम धर्म अपनवलें। हेमा से दूगो बेटी- ईशा देओल आ अहाना देओल।

धर्मेंद्र के हिट फिल्मन के लिस्ट

धर्मेंद्र आपन 65 बरिस के फिल्मी करियर में कइयन गो हिट आ ब्लॉकबस्टर फिल्म कइले रहलें, जवना में शोले (1975), चुपके-चुपके (1975), सीता और गीता (1972), धरमवीर (1977),  फूल और पत्थर (1966), जुगनू (1973) आ यादों की बारात (1973) सामिल बा।हाले में ऊ रॉकी आ रानी के प्रेम कहानी (2023) आ तेरी बातों में ऐसा उलझा जिया (2024) में नजर आइल रहलें।

Read Also: Bihar News : बिहार डीजीपी के एसपी खातिर मैसेज- “एतना रुपिया भेजीं!” पुलिस हरकत में आइल तs निकलल ठगी के जाल

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.