Delhi Blast : दिल्ली ब्लास्ट पs अमित शाह बुलवलें बैठक, गृह सचिव आ IB चीफ रही लोग सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 11, 2025

नई दिल्ली। बीतल रात लाल किला के लगे भइल धमाका से पूरा दिल्ली हिल गइल बा। एह घटना के गंभीरता से देखत केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह खुद हाई लेवल मीटिंग बोलवले बाड़ें। आजे सबेरे

Share

नई दिल्ली। बीतल रात लाल किला के लगे भइल धमाका से पूरा दिल्ली हिल गइल बा। एह घटना के गंभीरता से देखत केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह खुद हाई लेवल मीटिंग बोलवले बाड़ें। आजे सबेरे 11 बजे सब उच्च अधिकारी लोग के बैठक में सामिल होखे के आदेस दिहल गइल बा।

एह मीटिंग में केंद्रीय गृह सचिव, आईबी निदेशक, दिल्ली पुलिस कमिश्नर, एनआईए के डीजी समेत कइयन गो बड़ अधिकारी मौजूद रहिहें। बैठक के अध्यक्षता खुद गृह मंत्री अमित शाह करिहें। ओने, जम्मू कश्मीर के डीजीपी एह बैठक में वर्चुअल माध्यम से हिस्सा लिहें।

आतंकी साजिश के शक

लाल किला के लगे भइल धमाका के पीछे आतंकी साजिश के शक जतावल जा रहल बा। दिल्ली पुलिस ई ममिला गैरकानूनी गतिविधि (रोकथाम) अधिनियम (UAPA) के तहत दर्ज कइले बिया आ 4 संदिग्ध लोग के हिरासत में लिहल गइल बा। सबका से पूछताछ चल रहल बा, बाकिर अभी तक सही वजह पs पुलिस के ओर से आधिकारिक बयान नइखे आइल।

9 लोगन के मौत, 20 घायल

लाल किला मेट्रो स्टेशन के गेट नंबर 1 के लगे भइल एह विस्फोट में अभी तक 9 लोग  के जान जा चुकल बा आ 20 लोग गंभीर रूप से घायल बा। धमाका एतना जोरदार रहे कि मेट्रो स्टेशन के बाहर के कांच तक चकनाचूर हो गइल। कइयन गो गाड़ी आ आसपास के लोग एह धमाका के चपेट में आ गइल।

14 साल बाद फेर दहलल दिल्ली

2011 में हाई कोर्ट गेट के लगे भइल धमाका के 14 साल बाद पहिला बेर राजधानी में अइसन बड़ विस्फोट देखे के मिलल बा। ई धमाका हरियाणा के रजिस्ट्रेशन वाला हुंडई i20 कार में भइल, जवना के आवाज कइयन किलोमीटर दूर तक सुनल गइल। कार के पार्ट्स 250 मीटर तक उड़ गइल। धमाका के तीव्रता के देखत विशेषज्ञ लोग कह रहल बा कि ई मामूली ब्लास्ट ना, बलुक RDX ब्लास्ट हो सकेला।

Read Also: Bihar Election 2nd Phase Voting : अंतिम चरण के मतदान सुरू, आधा दर्जन मंत्रियन सहित 1302 उम्मीदवारन के भाग्य के होई फैसला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.