पटना। बिहार चुनाव के तारीखन के आज एलान (Bihar Election 2025) हो सकेला। निर्वाचन आयोग आज सांझ 4 बजे प्रेस कॉन्फ्रेंस करी। सूत्रन के मोताबिक, आयोग दू चरण में चुनाव करावे के तइयारी में बा। पहिला चरण के चुनाव छठ के बाद माने 27-28 अक्तूबर के तुरंत बाद हो सकेला। निर्वाचन आयोग के तीन सदस्यीय टीम बिहार के दू दिन के समीक्षा यात्रा पूरा कs के अतवार के दिल्ली लवट आइल बिया।
सूत्र बतावत बा लोग कि अबकि बेर तीन के बदले दू चरण में चुनाव के प्रस्ताव प्रवासी बिहारी लोग के छठ के बाद लवटे के ध्यान में रख के बनावल गइल बा। छठ के बाद पहिला चरण में उत्तर आ मध्य जिला के सामिल कइल जाई, ताकि मतदाता के भागीदारी बढ़ सके।
बिहार में नया बेवस्था के तहत होई चुनाव
एकरा पहिले अतवार के मुख्य चुनाव आयुक्त (सीईसी) ज्ञानेश कुमार प्रेस कॉन्फ्रेंस में कहलें कि निर्वाचन आयोग बिहार विधानसभा चुनाव 2025 में 17 गो नया पहल लागू करे जा रहल बा। एमे कुछ पहल मतदान से पहिले, कुछ मतदान के दौरान आ कुछ प्रक्रिया पूरा होखला के बाद लागू होई। कुमार कहलें कि पहिला बेर 100 प्रतिशत मतदान केंद्र पs वेबकास्टिंग के सुविधा दिहल जाई। 243 सदस्यीय विधानसभा के चुनाव 22 नवंबर से पहिले करावल जाई, काहेकि ओहि दिन विधानसभा के कार्यकाल पूरा हो रहल बा।
मतदाता सूची के सुद्धीकरण आ नया पहल
बिहार में दू दिन के समीक्षा के बाद पटना में सीईसी कहलें, “विशेष गहन पुनरीक्षण (SIR) से 22 साल बाद बिहार के मतदाता सूची के सुद्ध कइल गइल बा। राज्य चुनाव खातिर कई गो नया पहल हो रहल बा, जवन आगे पूरा देस में लागू कइल जाई।” कुमार कहलें, “एह 17 पहल में नया मानक संचालन प्रक्रिया (SOP) सामिल बा, ताकि रजिस्ट्रेशन के 15 दिन भीतर मतदाता पहचान पत्र मिल सके। सब मतदान केंद्रन पs मोबाइल फोन जमा करे के बेवस्था होई।”
शिकायत आ नाम जोड़े-हटावे के प्रक्रिया
कुमार एसआईआर के बचाव करत कहलें कि ई प्रक्रिया जनप्रतिनिधित्व अधिनियम के तहत कानूनी आ जरूरी दूनो बा। सीईसी कहलें कि जदि केहू के एसआईआर से जुड़ल नाम जोड़े भा हटावे के शिकायत बा, तs ऊ लोग जिला मजिस्ट्रेट के लगे अपील कs सकेला। नामांकन से 10 दिन पहिले तक नाम हटावल भा जोड़ल जा सकेला।
Read Also: IND W vs PAK W : भारत के महिला टीम के पाकिस्तान के ऊपर 88 रन से सानदार जीत, बरकरार रहल अजेय सिलसिला