Mani Meraj Arrested: लव जिहाद केस में मशहूर यूट्यूबर मणि मेराज गिरफ्तार, गर्भपात करावे के बा आरोप 

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 5, 2025

पटना। बिहार आ यूपी के प्रसिद्ध यूट्यूबर आ कॉमेडियन मणि मेराज के सनिचर के देर रात यूपी पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। मणि मेराज के गिरफ्तारी पटना के अनीसाबाद इलाका में उनका दोस्त के फ्लैट

Share

पटना। बिहार आ यूपी के प्रसिद्ध यूट्यूबर आ कॉमेडियन मणि मेराज के सनिचर के देर रात यूपी पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। मणि मेराज के गिरफ्तारी पटना के अनीसाबाद इलाका में उनका दोस्त के फ्लैट से निकलत घरी भइल। ऊ साहेबगंज जाये खातिर निकल रहलें, ओही बेरा यूपी पुलिस घेर के पकड़ लिहलस। बाद में पुलिस पटना कोर्ट से ट्रांजिट रिमांड पs ले गइल। ई खबर जइसे ही सोशल मीडिया पs फइलल, तहलका मच गइल आ लोग हैरान रह गइल।

को-एक्ट्रेस लगवली गंभीर आरोप

हाले में मणि मेराज आपन को-एक्ट्रेस संगे चलत विवाद के कारण सुर्खी में रहलें। को-एक्ट्रेस सोशल मीडिया पs लाइव आके उनका पर कइयन गो गंभीर आरोप लगवली। पुलिस के मुताबिक, मणि मेराज के गिरफ्तारी यूपी के खोड़ा थाना इलाका में रहे वाली एगो युवती के शिकायत पs भइल। युवती एफआईआर दर्ज करवले बिया, जवना में मणि मेराज पर दुष्कर्म, धर्म परिवर्तन खातिर दबाव आ गर्भपात करावे के आरोप लगावल गइल बा।

पीड़िता बतवलस– बेहोशी में बनवलें संबंध

युवती के आरोप बा कि करीब ढाई साल पहिले मणि मेराज आपन आप के अविवाहित बताके दोस्ती बढ़वले। एक दिन ऊ कोल्ड ड्रिंक में कुछ नशीला चीज मिलाके बेहोश कs देलें आ फेर बेहोशी में शारीरिक संबंध बनवले। पीड़िता इहो आरोप लगवले बिया कि मणि मेराज लाखन रुपिया हड़प लिहलें आ कई गो लईकियन संगे रिश्ता बनवले रहस।

मणि मेराज मूल रूप से मुजफ्फरपुर जिला के साहेबगंज प्रखंड के रहे वाला हवे। यूट्यूब पs उनकर कॉमेडी वीडियो खूब चर्चित रहे का। लाखन फॉलोअर वाला मणि मेराज हाल में आपन को-एक्ट्रेस के संगे एगो भोजपुरी फिल्म बनवले रहलें। अब ई ममिला पुलिस जांच में बा आ सोशल मीडिया पs लोग तरे-तरे के प्रतिक्रिया दे रहल बा।

Read Also: Bihar Election: बिहार में आज मुख्य चुनाव आयुक्त के प्रेस कॉन्फ्रेंस, का विधानसभा चुनाव के तारीख के होई ऐलान?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.