[the_ad_group id="30365"]

Bigg Boss OTT 3: दिल्ली के ‘वड़ा पाव गर्ल’ एक दिन के कमाई के कइलस खुलासा, कमाई सुन के उड़ल घरवालन के होश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bigg Boss OTT 3:बिग बॉस ओटीटी 3 के शुरुआत हो चुकल बा। होस्ट अनिल कपूर (Anil Kapoor) हर कोई के अनोखा स्टाइल में स्वागत कइलें। एह बेर के सीजन में दु बीवियन वाला अरमान मलिक (Armaan Malik) एंट्री लेले बाड़े तऽ ओहिजा अपना वड़ा पाव खातिर फेमस चंद्रिका गेरा दीक्षितो अपना पर्सनालिटी देखावे खातिर शो में आ चुकल बाड़ी।

बिग बॉस के घर में एह सीजन खातिर कंटेस्टेंट्स के आगमन हो चुकल बा। अनिल कपूर (Anil Kapoor) सब कोई के मजेदार अंदाज में स्वागत कइले। बिग बॉस ओटीटी 3 में इन्फ्लुएंसर विशाल पांडे से लेके टैरो कार्ड रीडर मुनिषा खटवानी तक ले दस्तक देले बाड़ी। एह सीजन के तमाम कंटेस्टेंट्स में एगो कंटेस्टेंट अइसनो, जेकरा गेम प्लान पs सबकर नजर बा।

बिग बॉस’ के घर में आइल ‘वड़ा पाव गर्ल’

‘बिग बॉस ओटीटी 3’ में दिल्ली के मशहूर ‘वड़ा पाव गर्ल’ चंद्रिका गेरा दीक्षित (Chandrika Gera Dixit)  एंट्री लेले बाड़। एह शो के साथही उऽ ओटीटी वर्ल्ड में डेब्यूयो कइले बड़ा। उनका अइला के जानकारी होखते सोशल मीडिया पs कई लोग उनका के ट्रोल कइल शुरू कऽ देलस। फैंस सवाल कइलें कि उऽ अबहीं ले अइसन का कइले बाड़ी कि उनका के शो पs बॉलावल गइल बा।

चंद्रिका कइली पर डे अर्निंग के खुलासा

चंद्रिका अपना जर्नी से लोगन के दिलों में जगह बना पवली कि ना , इ तऽ बाद के बात बा। फिलहाल उऽ अपना पर डे अर्निंग के खुलासा कऽ के लोगन के होश उड़ा देले बाड़ी। चंद्रिका बहुत दिन से दिल्ली के मंगोलपुरी इलाका में वड़ा पाव के रेहड़ी लगवले बाड़ी। बाद में उऽ आपन दुकानो खोल लेली। अब घर के भीतर आवते उऽ बतवली कि एक दिन में उऽ 40 हजार तक के कमाई कऽ लेवेली।

एहिसे स्वीकार कइली बिग बॉस में आवे के ऑफर 

इससे पहले पिंकविला के दिहल इंटरव्यू में चंद्रिका बतवले रहली कि लोग उनका के हमेशा रूड समझेला। बिग बॉस में आवे के इहे मकसद बा कि उऽ सबके अपना पर्सनालिटी से रुबरू करा सकस। उऽ देखावल चाहऽ ताड़ी कि उनका में बेसी इमोशन्स बा। उऽ कहली कि लोग हमरा के खिसियात देखले बा, बाकिर उऽ ई नइखन जानत कि खीस के कारण का बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]