[the_ad_group id="30365"]

Allu Arjun: अल्लू अर्जुन के फैंस के लागे जा रहल बा एगो आउर झटका! ठंडा पड़ गइल ई फिल्म!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Allu Arjun: अल्लू अर्जुन के फैंस उनककर फिल्म ‘पुष्पा 2’ के देखे के बेसब्री से इंतजार करऽता। फिल्म 15 अगस्त, 2024 के रिलीज होखे वाला रहे, मगर अबही तक फिल्म के शूटिंगे पूरा नइखे भइल। एहिसे एकर रिलीज ले तारीख खिसक गइल बा। एह खबर से तऽ अल्लू के फैंस मायूस रहलें, बाकिर अब एगो आउर अइसन चर्चा चल पड़ल बा, जवना के सुनके फैंस के मायूसी आउर बढ़ सकऽता।

निर्देशक एटली के साथे करे वाला रहलें काम

एह साल मार्च में खबर आइल रहे कि अल्लू अर्जुन निर्देशक एटली के साथे एगो फिल्म में काम करिहें। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, अब इंडस्ट्री में चर्चा चल रहल बा कि ई फिल्म ठंडा पड़ गइल बिया। हालांकि, अबहीं ले एकरा के लेके आधिकारिक घोषणा नइखे भइल आ ओकरा बादे पूरी तस्वीर साफ होई। बता दी कि एटली के पिछिलका फिल्म ‘जवान’  बॉक्स ऑफिस पs धमाल मचा देले रहे। अल्लू के फैंस के उम्मीद रहे कि एटली आ अल्लू के जोड़ीयो कमाल दिखाई, बाकिर जवना तरे के चर्चा चल रहल बा, ओकरा के देख के बुझाता कि अइसन होखे वाला नइखे।

अल्लू अर्जुन के आवे वाली फिल्म

एटली के एह फिल्म के लेके एगो चर्चा इहो चलल रहे कि अल्लू अर्जुन फीस के तौर पs 60 करोड़ रूपिया लेवे वाला बाड़े। एकर शूटिंग ‘पुष्पा 2’ के रिलीज के बाद शुरू होखे के संभावना रहे। बता दी कि ‘पुष्पा 2’ के अबहीं ले दू गो गाना रिलीज हो चुकल बा। एह फिल्म में अल्लू अर्जुन के साथे – साथे रश्मिका मंदाना आ फहाद फाजिलो मुख्य भूमिका में नजर अइहें। एह फिल्म के निर्देशन सुकुमार कर रहल बाड़े। एकरा बाद अल्लू निर्देशक संदीप रेड्डी वांगा आ त्रिविक्रम के साथहू काम करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]