[the_ad_group id="30365"]

Bigg Boss 17 में विक्की एह कंटेस्टेंट खातीर पत्नी अंकिता के कइले हर्ट, ऐश्वर्या शर्मा के पछाड़ मुनव्वर मरले बाजी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

‘बिग बॉस 17’ के दर्शकन के खूब प्यार मिल रहल बा। शो के टीआरपी काफी बढ़िया रहल बा।सोशल मीडिया पs ‘बिग बॉस 17’ के कुछ प्रतियोगी खबरन में बाड़े। विक्की जैन-अंकिता, ऐश्वर्या शर्मा-नील भट्ट आ मुनव्वर सोशल मीडिया पs आपन खेल से बिग बॉस हाउस में ना बलुक सोशल मीडिया पs भी हलचल मचवले बाड़े। मुनव्वर फारुकी एह सीजन में सबले बेसी चरचा होखे वाला प्रतियोगियन में से एक हउवें। मुनव्वर फारुकी के एह शो के मास्टरमाइंड मानल जाला। उनकर स्मार्ट गेम प्रतियोगी, बिग बॉस, सलमान खान आ अउरी कई लोग के प्रभावित कइले बा। साथही मुनव्वर फारुकी आ मन्नारा चोपड़ा के दोस्ती भी चर्चा के विषय बनल बा। दुनु जाना के दोस्ती बिग बॉस हाउस में पहिला दिन से ही हो गईल।

 बिग बॉस 17 में रिश्ता के लेके भईल गोलमाल

बिग बॉस आ सलमान खान के अलावे आजुकाल्हु बिग बॉस हाउस में प्रतियोगी जवन कुछ करत बाड़े ओह पs भी लोग के नजर बा। हालही में मुनव्वर मनारा चोपड़ा के बारे में सभका सोझा अइसन बात कहले जवना से अंकिता लोखंडे से ले के ईशा मालवीया वगैरह सब लोग के चौंका दिहलस। 12 दिसंबर के एपिसोड में अंकिता लोखंडे अवुरी विकी जैन के बीच भयंकर झगड़ा देखाई देलस।

विक्की अंकिता के दिल से चोट पहुंचवले

विक्की जैन आ अंकिता के खानजादी के चलते रसोई में खतरनाक झगड़ा हो जाला। विक्की जैन खिसिया के अपना पत्नी से कहेले कि बियाह के तीन साल हो गईल बा। आज तक तोहरा हाथ से खाना ना खईले बानी। विकी जैन खानजादी के समर्थन करेले। अंकिता लोखंडे अऊर खानजादी के बहस के बीच विक्की इs सब कह के अंकिता के रोवा देले।

बिग बॉस 17 के पहिला कैप्टन

मुनव्वर फारुकी ‘बिग बॉस 17’ के पहिला कैप्टन बन गइल बाड़न। घर में ऊ काम जीत लिहलन आ सीजन के पहिला कैप्टन बन के सभका के हैरान कs दिहलन। ऐश्वर्या शर्मा ए टास्क में मुनव्वर के कड़ा मुकाबला देली। कोरियन सिंगर औरा मुनव्वर से कहले कि उनुका घर में सबसे जादे भरोसा उनुका पs बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]