Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

11 दिसंबर के आयोजित होई जिरादेई महोत्सव: देश रत्न डॉक्टर राजेंद्र प्रसाद के सम्मान में कार्यक्रम के होई आयोजन, तइयारी में जुटल अधिकारी लोग

1,922

सीवान में जिरादेई महोत्सव के तइयारी जिला प्रशासन के तरफ से सुरू कs दिहल गइल बा। बता दीं की पहिला बेर जिरादेई महोत्सव के आयोजन कइल जा रहल बा। एकरा सफलता के लेके अधिकारियन के बीच जिम्मेदारियन के बंटवारा कइल गइल  बा। एकरा के लेकर डीडीसी भूपेंद्र प्रसाद यादव अलग-अलग अधिकारियन के संगे बैठक कइले रहस।

जवना में जिम्मेदाररी सौंपी गइल रहे। सीवान जिला के जिरादेई देस के पहिला राष्ट्रपति देश रत्न डॉक्टर राजेंद्र प्रसाद के जन्म स्थान हs। उनका सम्मान में जिरादेई में जिरादेई महोत्सव के आयोजन कइल जाये के बा। तीन दिसंबर के गांधी मैदान में आयोजित जिला स्थापना दिवस के कार्यक्रम में जिला अधिकारी मुकुल कुमार गुप्ता ई जानकारी देले रहस।

11 दिसंबर के कार्यक्रम के होई आयोजन

11 दिसंबर के जिरादेई महोत्सव के आयोजन कइल जाई। एकरा के लेके डीडीसी भूपेंद्र प्रसाद यादव बतवलें कि अधिकारियन के बीच काम के जिम्मेदारियन के बंटवारा कs दिहल गइल बा। 11 दिसंबर के आयोजित होखे वाला जिरादेई महोत्सव के लेके आयोजन स्थल के चिह्नित कइल, जेमे मुख्य मंच, ग्रीन रूम, स्टॉल आ पार्किंग आदि सामिल बा।

संगही जिरादेई के बीडीओ ले एकर स्क्रेच मैप तइयार करे के निरदेस दिहल गइल बा। एने विधि व्यवस्था के जिम्मेदारी सिवान सदर एसडीएम सुनील कुमार आ अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी फिरोज आलम के सउपल गइल बा। संगही जिरादेई महोत्सव में सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कइल जाई।

अलग-अलग खेलन के होई आयोजन

जेमे कलाकारन के चयन, सांस्कृतिक कार्यक्रम के सफलता पूर्वक संचालन करे खातिर, पुरस्कार वितरण ला मोमेंटो आ  प्रशस्ति पत्र आदि तइयार करे खातिर अनुमंडल लोक शिकायत निवारण पदाधिकारी के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। सीवान जिला खेल पदाधिकारी बतवलें कि महोत्सव के अवसर पs  अलग-अलग खेलन के आयोजन कइल जाई।

ई कार्यक्रम दिन के 10:00 बजे से सुरू होई। डीडीसी भूपेंद्र प्रसाद यादव कहलें की एकर पहिला बेर आयोजन कइल जा रहल बा आ सफल संचालन खातिर सब अधिकारियन के जिम्मेदारी सउप दिहल गइल बा। जे आपन-आपन काम में जुट गइल बा।

688470cookie-check11 दिसंबर के आयोजित होई जिरादेई महोत्सव: देश रत्न डॉक्टर राजेंद्र प्रसाद के सम्मान में कार्यक्रम के होई आयोजन, तइयारी में जुटल अधिकारी लोग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.