मुठभेड़ में मारल गइल आठ नक्सलियन पऽ बड़ खुलासा, छव गो पऽ रहे 48 लाख के इनाम; सुरक्षाबल अइसे कइले ढेर

Share

छत्तीसगढ़ के नारायणपुर में सुरक्षाबल आठ नक्सलियन के दू दिन पहिले मुठभेड़ में मार गिरवले बा। एमें चार गो महिला शामिल बाड़ी । सुरक्षाबलन के घटनास्थल से भारी मात्रा में हथियारो मिलल बा। छव नक्सलियन पs कुल 48 लाख रूपिया के इनाम रहे। अबही दू गो के पहचान नइखे हो पाइल। खाली बस्तर संभाग में एह साल अबहीं ले 131 नक्सलियन के शव मिलल बा।

दू दिन पहिले सुरक्षाबल छत्तीसगढ़ के नारायणपुर जिला में मुठभेड़ में आठ नक्सलियन के मार गिरवले रहे। अब एह मामला में बड़ खुलासा भइल बा। आठ में से छव नक्सली वरिष्ठ रैंक के कैडर रहले आ एकनी पs 48 लाख रूपिया के इनाम रहे। पुलिस के मोताबिक ई कैडर नक्सलियन के पीपुल्स लिबरेशन गुरिल्ला आर्मी (PLGA) मिलिट्री कंपनी नंबर 1 आ माड डिवीजन सप्लाई टीम फॉर्मेशन के रहले सन।

एक हफ्ता में दूसरका बड़ सफलता

बस्तर रेंज के पुलिस महानिरीक्षक सुंदरराज पी ऐतवार के इहाँ संवाददाता सम्मेलन में बतवले कि नारायणपुर पुलिस के ‘माड़ बचाओ अभियान’ के एक सप्ताह के अंदर ई दूसरका बड़ सफलता बा आ 45 दिनन में चौथा बड़ सफलता बा। उऽ कहले नारायणपुर जिला के अभुजमाड़ 40 बरिस से नक्सली हिंसा आ भय से ग्रस्त रहे, बाकिर अब स्थानीय लोग, आदिवासी आ ग्रामीण एह हिंसा, भय आ नक्सलवाद से मुक्त होखल चाहत बाड़े। सफल नक्सल विरोधी अभियानन से विकास के गति मिल रहल बा।

छव के भइल पहचान

पुलिस शनिचर के जिला के कुतुल-फरसबेड़ा आ कोडतामेटा गांव के नजदीक जंगलन में मुठभेड़ में आठ नक्सलियन के मार गिरावे के दावा कइलस। आईजी कहले कि आठ में से छव के पहचान सुदरू, वर्गेश, ममता, समीरा, कोसी आ मोती के रूप में भइल बा। ई सब माओवादियन के पीएलजीए कंपनी नंबर 1 में अलगा – अलगा पदन पs सक्रिय रहले। सब पs आठ लाख रूपिया के इनाम रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-