बांदीपोरा में सर्च ऑपरेशन के दौरान आतंकवादियन आ सुरक्षाबलन के बीच मुठभेड़, फंसले दू गो आतंकी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 17, 2024

Jammu Kashmir Bandipora सुरक्षाबल के जवान ऐतवार के रात में बांडीपोरा जिला के अरागाम इलाका मे संदिग्ध गतिविधियन देखला पs  घेर के रखले बा। इलाका में सुरक्षाबल व्यापक तलाशी अभियान चलइले बा। कश्मीर क्षेत्र के

Share

Jammu Kashmir Bandipora सुरक्षाबल के जवान ऐतवार के रात में बांडीपोरा जिला के अरागाम इलाका मे संदिग्ध गतिविधियन देखला पs  घेर के रखले बा। इलाका में सुरक्षाबल व्यापक तलाशी अभियान चलइले बा। कश्मीर क्षेत्र के पुलिस महानिरीक्षक वीके बिरदी बतवले कि 13 आरआर के एगो गश्ती दल के अरागाम में संदिग्ध गतिविधि देखल गइल रहे।

जम्मू-कश्मीर के बांदीपोरा के अरागम इलाका के गुरिहाजन में एतवार देर रात मुठभेड़ हो गइल। आतंकवादियन आ सुरक्षाबलन के बीच गोलीबारी भइल। घेराबंदी आ तलाशी अभियान के दौरान ई मुठभेड़ हो गइल। सुरक्षाबल आतंकवादियन के मुंहतोड़ जवाब देले।

मुठभेड़ में दू गल आतंकवादी फंसल बाड़न स। फायरिंग रोक दीहल गइल बा। बड़ पैमाना पs तलाशी अभियान जारी बा। जम्मू-कश्मीर में हालही में चार आतंकी हमला के बाद अलग-अलग जगहन पs संदिग्ध देखल गइल रहे। एकरा बाद सुरक्षाबल तलाशी अभियान चलवले रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.