West Bengal Train Accident: तऽ एह वजह से बंगाल में भइल ट्रेन हादसा, Kanchanjunga Express से जाके टकराई मालगाड़ी; एगो चूक पड़ल भारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 17, 2024

बंगाल के न्यू जलपाईगुड़ी के पास कंचनजंघा एक्सप्रेस एगो मालगाड़ी से टकरा गइल। कंचनजंघा एक्सप्रेस न्यू जलपाईगुड़ी स्टेशन के लगे निजबाड़ी स्टेशन पs खड़ा रहे तबे मालगाड़ी ओकरा के पीछे से टक्कर मार देलस। हादसा

Share

बंगाल के न्यू जलपाईगुड़ी के पास कंचनजंघा एक्सप्रेस एगो मालगाड़ी से टकरा गइल। कंचनजंघा एक्सप्रेस न्यू जलपाईगुड़ी स्टेशन के लगे निजबाड़ी स्टेशन पs खड़ा रहे तबे मालगाड़ी ओकरा के पीछे से टक्कर मार देलस। हादसा में पांच लोग के मारल गइले आ कई लोग घायल भइले। अब ट्रेन हादसा के वजहो सामने आ गइल बा।

सिलीगुड़ी। West Bengal Train Accident अगरतला से सियालदह जाए वाली कंचनजंघा एक्सप्रेस (Kanchanjunga Express Accident) सोमार भोरे न्यू जलपाईगुड़ी के लगे एगो मालगाड़ी से टकरा गइल। 13174 कंचनजंघा एक्सप्रेस न्यू जलपाईगुड़ी स्टेशन के लगे निजबाड़ी स्टेशन पs खड़ा रहे, तबे मालगाड़ी ओकरा के पीछे से टक्कर मार देलस।

5 लोगन के मौत

एनएफआर के कटिहार डिविजन के डिविजनल रेलवे मैनेजर बतवले कि सुबह करीब नौ बजे भइल एह दुर्घटना में पांच लोगन के मौत आ 25 लोगन के घायल होखे के प्रारंभिक खबर बा।

एह वजह से भइल हादसा

अधिकारी के अनुसार मालगाड़ी के चालक सिग्नल के अनदेखी कइलस आ कंचनजंगा ट्रेन के पिछला हिस्सा से टकरा गइल। कंचनजंगा कोच के लगे दू पार्सल वैन आ गार्ड कोच बा। हादसे के बाद एनडीआरएफ, डिवीजनल टीम आ 15 एंबुलेंस मौका पs पहुंच चुकल बा। मंत्रीयो वॉर रूम में बाड़न।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.